वीरगंज तस्करी करके लियावल कम्प्युटरल्यापटप सहित के उपकरण पकडाईल

वीरगंज २८ कुवार

भारत से तस्करी करके लियावल ५१ लाख से बेसी दाम के कम्युटर आ ल्यापटप सहित के उपकरण वीरगंज से पर्सा पुलीस पकडले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–५ मे स्थानीय अजय सिंह आपन चार तल्ले घर मे सञ्चालन कईल एडी कम्प्युटर सप्लायर्स मे शनिचर के सँझिया पुलीस छापा मारके ५१ लाख २६ हजार ७०० रोपेया मूल्य के कम्प्युटर, ल्यापटप, हार्डडिक्स लगायत के उपकरण बरामद कईले बा ।

सप्लायर्स सञ्चालन मे रहल घर से डेल कम्पनी के सीपीयु २१० थान, मोनिटर ४२ थान, डेल कम्पनी के ल्यापटप ८ थान, हार्ड डिक्स ८८ थान, माउस ५५० थान, मोनिटर वायर ३१२ थान, सीसीटीभी वायर १८ हजार मिटर, मदर बोर्ड २५ थान, ग्राफिक कार्ड ११ थान, कुलिङ फ्यान १९ थान, ल्यापटप के चार्जर १३१ थान, कम्प्युटर ब्याट्री २०० थान लगायत के उपकरण बरामद कईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

विशेष सुराकी के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता से खटल संयुक्त प्रहरी टोली सिंह आपन घर के निचलका तल्ला मे सञ्चालन कईल सप्लायर्स मे छापा मारला पर उहाँ भन्सार राजश्व ना तिरके लियावल उ सामानसब अनधिकृत रुप मे भण्डारण करके राखल मिलला के बाद बरामद कईल थापा बतवनी ।

बरामद कईल उ सामान जरुरी कारबाही के खातिर बारा के पथलैया स्थित राजश्व अनुसन्धान कार्यालय मे एतवार के दिने पठावल गईल जानकारी उ देहनी । सप्लायर्स के सञ्चालक सिंह फरार रहला से उनकर खोजी हो रहल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।