वार्ड अध्यक्ष के पिटेवाला पुलीस के कारबाही ना कईला पर आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी

वीरगंज १३ कात्तिक
वीरगंज महानगरपालिका –७ के वार्ड अध्यक्ष हिराकाजी महर्जन के पिटपाट करके घायल बनावेवाला पुलीस के कारबाही ना कईला पर चरणबद्ध आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी महानगर के जनप्रतिनिधिलोग बतवले बाडन ।
सोमार के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे तीन दिने अल्टिमेटम सहित के ज्ञापनपत्र बुझावत महानगर के ३२ गो वार्ड के वार्ड अध्यक्ष आ कार्यपालिका सदस्यलोग दोषी पुलीस के तीन दिन भितर कारवाही ना कईला पर चरणबद्ध आन्दोलन करेके चेतावनी देहले बाडन ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी के महानगर के जनप्रतिनिधिलोग से बुझावल ज्ञापनपत्र मे चरणबद्ध आन्दोलन अन्तर्गत पहिलका दिन ३२ गो वार्ड कार्यालय मे वार्ड अध्यक्षलोग हाथ मे करिया पट्टी बान्हके काम करेके, दुसरका दिन वार्ड कार्यालय मे सबेरे १० से दिनके १ बजे तक सेवा प्रवाह ठप्प करेके, तिसरका दिन दिनभर वार्ड कार्यालय के सेवा प्रवाह बन्द करेके आ चउथका दिन वीरगंज के घणटघर चोक मे विरोध प्रदर्शन करेके उल्लेख बा ।
ओतना कईला पर भी दोषी पुलीस के कारबाही ना कईला पर दुसरका चरण के आन्दोलन के कार्जक्रम घोषणाा करेके वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ के वार्ड अध्यक्ष बैजुलाल स्वर्णकार बतवनी । वार्ड अध्यक्ष महर्जन के दशहरा के महाष्टमी के रात इलाका प्रहरी कार्यालय नगवा के प्रहरी नायब निरीक्षक सन्तोष तुराहा पिटपाट करके घायल बनईला से उ घटना के सत्यतथ्य छानबिन करके कारबाही करेके हमनीसब के माग रहल वीरगंज २० के वार्ड अध्यक्ष रामकिशोर सिंह पराग बतवनी ।
एकरा से पहिले नेपाली कांग्रेस पर्सा भी वार्ड अध्यक्ष महर्जन के पिटपाट करेवाला प्रहरी नायब निरीक्षक तुराहा के कारबाही के माग करत बितल शुक के दिने प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापनपत्र बुझवले रहे ।
कातिक ५ गते महाष्टमी के रात रेल्वेरोडस्थित हनुमान मन्दिर मे हो रहल धार्मिक भजनकिर्तन कार्जक्रम मे पुलीस हस्तक्षेप कईल आ वार्ड अध्यक्ष महर्जन धार्मिक काम मे बाधा ना करे खातिर निहोरा कईला पर प्रहरी नायब निरीक्षक तुराहा वार्ड अध्यक्ष महर्जन के पिटपाट कईला के साथे रातभर प्रहरी थुना मे रखले रहलन । पुलीस उनका के कातिक ६ गते सबेरे छोडले रहे । पिटाई से घायल महर्जन के आँख मे गम्भीर चोट लागल बा ।






