बाल एकता बोर्डिङ्ग स्कूल के प्रिन्सिपल स्वर्णकार के अज्ञात समूह गोली मार के कईलख हत्या, तीन जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १३ कातिक

बारा के सदरमुकाम कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ६ मदारसा टोल मे अज्ञात समुहद्वारा चलावल गोली से गम्भिर घाइल भईल रुपेश स्वर्णकार के मृत्यु भईल बा ।

बाल एकता बोर्डिङ स्कूल के संचालक एवम् प्रिन्सिपल ३५ बरीस के स्वर्णकार के ईलाज के समय मे वीरगंज के गण्डक लगे रहल नेपाल मेडिसिटी बयोधा हस्पिटल मे मृत्यु भईल बारा प्रहरी जनाकारी करावले बा ।

कलैया बजार से नास्ता लेके स्कूल ओर जा रहल स्वर्णकार के उपर सोमार के दिने करिब १ः१५ बजे के समय मे दुगो मोटरसाइकल मे सवार ४ जने अपरिचित लोग के समुह गोली मार के फरार भईल रहलन । कारियाका सर्ट, जिन्स पाईन्ट पहिनल आ मुह मे रुमाल बान्ह के गोलि मार के भागल प्रहरी जानकारी करावले बा ।

स्वर्णकार के छाती आ मुह मे दु राउन्ड गोलि मार के अपराधी फरार भईल देखल गाँव के लोग वतावले बाडन । गोली लागके गम्भिर घायल भईल स्वर्णकार के प्रादेशिक अस्पताल कलैया मे उपचार ना होखे सकेला पर थप उपचार के खातिर वीरगंज स्थित गण्डक मे रहल मेडिसिटी बयोधा हस्पिटल मे रेफर कईले रहे । बयोधा हस्पिटल मे ईलाज के समय मे करिब १ः५६ बजे मृत्यु भईल बारा प्रहरी जानकारी करावले बा ।

गोलि प्रहार करेवाला समुह के एक जने जनानी सहित दु जने मर्दना लोग के पकडल आ आउर के खोजी काम हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानकारी करावले बा । पकडाई लोग के नाम बतावे के अभि ना मिली पुर्ण जनकारी आईला के वाद सभे जनकारी करावल जाई प्रहरी बतवले बा । घटना भईल स्थल से छोटका पेस्तोल मे लागेवाला ४ गो गोली के खोका भेटल प्रहरी जानकारी करावले बा । एहितरे हत्या के विरोध मे सोमार के सँझिया कलेया के भरत चोक मे स्थानीयवासी आ शिक्षकलोग टायर बारके प्रदर्शन कईले बाडन । प्रदर्शन मे सहभागीलोग हत्यार के पकड के कारबाही कर्, पुलिस प्रशासन मुर्दावाद, शान्ति सुरक्षा कायम कर लगायत के नारा भी लगवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।