विपत् के सूचना मे संवेदनशील बने खातिर प्रेस काउन्सिल के निहोरा

काठमाण्डु, १९ कातिक
प्रेस काउन्सिल नेपाल प्राकृतिक विपत् के समय मे करेवाला सूचना सम्प्रेषण संवेदनशील प्रकृति के होखेवाला भईला से गलत सूचना आ सन्देश प्रवाह ना करे खातिर सभी सञ्चारमाध्यम आ सामाजिक सञ्जाल प्रयोगकर्ता के निहोरा कईले बा ।
युट्युब लगायत सामाजिक सञ्जाल आ कुछ अनलाइन सञ्चारमाध्यम से जाजरकोट भूकम्प के बीभत्स दृश्य तथा तस्बिर सहित के सन्देश पुष्टि ना करके प्रवाह भईल मिलला से काउन्सिल आपन ध्यानाकर्षण भईल जनवले बा ।
काउन्सिल के सहप्रशासकीय अधिकृत रामशरण बोहराद्वारा जारी विज्ञप्ति मे ‘के पहिला होखेके’ कहके होडबाजी मे आधिकारिक तथ्य पुष्टि ना करके मानवीय संवेदना मे खलल पुगेवाला आ विपत्ति भा शोक मे परल आदमी आ आफन्तजन मे आउर पीडा पुगेवाला किसिम से मृतक तथा घायल के वीभत्स दृश्य आ तस्बिर सम्प्रेषण ना करे, ना करावेके कहल गईल बा ।
‘मृतक एवं घायल के विवरण प्रस्तुत कईला पर संवेदनशील होके गोपनियता के सम्मान करे खातिर आम सञ्चार माध्यम, सभी पत्रकार, सञ्चारकर्मी, युट्युब लगायत सामाजिक सञ्जाल आ एकर प्रयोगकर्ता मे प्रेस काउन्सिल नेपाल हार्दिक निहोरा करता’ विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।
शुक के रात ११ः४७ बजे जाजरकोट रामीडाँडा आसपास केन्द्रबिन्दु बनाके आईल छ दशमलव चार म्यागनिच्युड के भूकम्प के चलते भईल मानवीय आ भौतिक क्षति उपर काउन्सिल दुःख व्यक्त भी कईले बा ।






