वीरगंज मे ५२५ पिस लागु औषध सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज मे ५२५ पिस लागु औषध सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज २१ कात्तिक

वीरगंज के भन्सार क्षेत्र से पुलीस लागु औषध सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे मकवानपुर के मनहरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ६ घर भईल ४० बरीस के कृष्णबहादुर राई रहल बाडन । राई के लागुऔषध नाइट्रोभेट ५ सय ट्याब्लेट सहित पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

भारत के रक्सौल से पैदल आरहल राई के वीरगंज भन्सार क्षेत्र के रजतजयन्ति चोक मे रोकके चेकजाँच कईला पर उनका सँगे राखल करिया रंग के प्लाष्टीक के झोरा भितर से प्रतिबन्धित लागुऔषध नाईट्राभेट ट्याब्लेट ५ सय २५ बरामद भईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।

पकडाईल राई के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके लागु औषध सम्बन्धी कसूर मे आउर अनुसन्धान हो रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।