वार्ड अध्यक्ष कलवार सिसिटिभी तुरल आरोप मे पर्सागढी नगरपालिका कईल कारवाही के माग

वार्ड अध्यक्ष कलवार सिसिटिभी तुरल आरोप मे पर्सागढी नगरपालिका कईल कारवाही के माग

वीरगंज २२ कात्तिक

पर्सागढी नगरपालिका बियफे के दिने पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके वार्ड नं. ६ के वार्ड अध्यक्ष नवलकिशोर प्रसाद साह कलवार उपर कारवाही के माग कईले बा ।

नगरपालिका के कार्यालय मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे मेयर गोकर्ण पाठक बुध के दिने २२ गते कार्यपालिका के बईठक सुरु होखेसे पहिले हि वार्ड अध्यक्ष कलवार नगरपालिका के छोटका सभाहल मे राखल ३ थान सि.सि.टिभी क्यामरा तोडफोड कईल दोसर सिसिटिभी क्यामरा मे फुटेज कैद भईल बतवनी ।

उ सिसि क्यामरा तोडमटोर कर रहल समय वार्ड नं. ७ के वार्ड अध्यक्ष शंकर रायभर बईठक हल भितर रहल उ फुटेज मे देखल गईल बा । बईठक के मर्यादा अमन चैन आ शान्ति सुरक्षा उपर प्रतिकुल प्रभाव पारेके उदेश्य से उ काम कईल हमनी महसुस कईले बानी । दोषी उपर सि.सि.टिभी क्यामरा के समय आ क्यामरा फुटेज रेकर्ड के आधार मे मुलुकी अपराध संहिता २०७४ के दफा २८५ मुताविक कारवाही करे खातिर पुलीस प्रशासन से निहोरा कईले बानी ।

उ पत्रकार सम्मेलन मे उपमेयर पूजा चौधरी, वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष राकपुर खवास, वार्ड नं. २ के वार्ड अध्यक्ष बिरेन्द्र प्रसाद महतो, कार्यपालिका सदस्यलोग सिता देवी लामा, सविता गिरी, मोहनलाल महतो, दिल बहादुर भुजेल, निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत जंग बिजय साह लगायत के लोग भी अईसन निन्दनिय काम उपर खेद प्रकट करत जोडदार रुप मे कारवाही के माग कईले रहलन ।

कार्जक्रम के सहजिकरण स्वास्थ्य शाखा प्रमुख नारायण पौडेल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।