ट्राफिक पुलीस सवारी दुर्घटना रोकेसे जादे पईसा उठावे के काम मे लागल आरोप

ट्राफिक पुलीस सवारी दुर्घटना रोकेसे जादे पईसा उठावे के काम मे लागल आरोप

बारा २२ कात्तिक

बारा आ पर्सा के ट्राफिक पुलीस सब सवारी चेक जाँच के बहाना मे पईसा असुल रहल आरोप बढल बा ।
रास्ता मे चलरहल कवनो गाडी होखो सभे के कवनो ना कवनो बहना बना के पईसा असुल करेमे मात्र ट्राफिक पुलीस लागल सवारी चालक सब के सिकायत रहत बा ।

किसान सब के खेत मे छिटेला रासायनिक मल खाद लेके आवेवाला ट्रेक्टर सब के ट्राफिक पुलीस पुछताछ करके रसिद कटावले बाड किना ? ना कहला पर बुलुबुक लाईसेन्स देखकर के सब ठिक रहला भि ओभर लोड बा कहत जरिबाना कटाव ना त पईसा देहल कर कह रहल कलैया १६ के करिमन महतो बतावले बानी ।

मलखाद लेके आवेवाला गाडी सब के गण्डक पर नेपाल पुलीस आ ट्राफिक सभे ट्रेक्टर से एक सय रोपेया, सिसहनिया चौक पर नेपाल पुलीस पचास रोपेया, कलैया टा«फिक विट एक सय रोपेया आ बरियापुर जाएवाला रास्ता मे पसाह पुल पर सशस्त्र पुलीस पचास रोपेया उठा रहल सवारी चालक सब के कहनाम रहल बा ।

सवारी चालक के अवस्था बुझके सल्लाह सुझाव देवेके जगह पहिले पईसा ओकरा वाद जरिवाना के बात करेला शान्ति सुरक्षा आ सवारी दुर्घटना रोकेला खटल प्रहरी सब के काम रहल कलैया १४ के सवारी चालक बतावले बानी ।
भरत चौक पर सवारी व्यवस्थापन खातिर खटल ट्राफिक पुलीस व्यवस्थापन ना कवनो सवारी कवनो समान लोड कर के आरहल बा तब पईसा लेवेला चेक जाँच के बहाना बना के मोलतोल कर के लेवेला कलैया २ के सरोज साह के सिकायत रहल बा ।

पहिले से अधिक प्रहरी सवारी चेक जाँच करहल बाडन माकिर कवनो ना कवनो किसिम के दुर्घटना होरहल बा ओहसे हर कोई बुझसकता कि केतना सवारी साधन चलावेवाला के सुझाव सल्लाह आ व्यवस्थापन कर रहल बा ट्राफिक पुलीस ? एकरा उपर सम्बन्धित सरोकावाला के ध्यान होखेके चाहिँ जनता के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।