अगहन ५ गते पोखरिया मे होखेवाला एमाले के आमसभा आ पार्टी प्रवेश के तईयारी पुरा

अगहन ५ गते पोखरिया मे होखेवाला एमाले के आमसभा आ पार्टी प्रवेश के तईयारी पुरा

वीरगंज ०१ अगहन

पर्सा जिल्ला के पोखरिया मे आवेवाला अगहन ५ गते होखेवाला नेकपा एमाले के बृहत आमसभा तथा पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के तईयारी पुरा भईल नेकपा एमाले पर्सा जनवले बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे नेकपा एमाले पोल्टिव्युरो सदस्य एवं पर्सा ईन्चार्ज अच्युत मैनाली करिब २५ हजार आम जनता के उपस्थिति मे करिब ५ हजार नेता तथा कार्यकर्ता पार्टी प्रवेश करेके दाबी कईले बानी । कार्जक्रम मे पर्सा जिल्ला के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी माओवादी, नेपाली काँग्रेस, जनता समाजवादी पार्टी, लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी लगायत के केन्द्रिय तह के नेता तथा कार्यकर्तालोग के पार्टी अध्यक्ष तथा पूर्व प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली एमाले मे प्रवेश करावेके नेता मैनाली बतवनी ।

पार्टी प्रवेश करेवाला मे जनता समाजवादी पार्टी के नेता तथा पूर्व प्रतिनिधि सभा सदस्य हरिनारायण प्रसाद रौनियार के नाम तय भइल आ बाँकी नेतालोग के नाम गोप्य राखल पोल्टिव्युरो सदस्य सुमन प्याकुरेल बतवनी ।

नेकपा एमाले पर्सा आ पोखरिया नगर कमिटी के आयोजना मे होखे लागल कार्जक्रम के पार्टी के अध्यक्ष तथा पूर्व प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली सम्बोधन करेके जिल्ला संयोजक डा. विशम्भर शर्मा बतवनी ।

जिल्ला संयोजक विश्वम्भर शर्मा के सभापतित्व मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे पार्टी के केन्द्रिय सदस्य तथा प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रभु हजरा, ओबिसी के राष्ट्रिय अध्यक्ष तेज प्रकाश निषाद, मधेश प्रदेश कमिटी सदस्य शम्भु गुप्ता, पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सदस्य केसी लामिछाने, युवा नेता अकलेश साह लगायत के सहभागिता रहल रहे । पत्रकार सम्मेलन के सहजीकरण प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।