एमाले बाहेक कउनो भी पार्टी देश के समृद्ध बनावे ना सकेके अध्यक्ष ओली के दाबी
एमाले बाहेक कउनो भी पार्टी देश के समृद्ध बनावे ना सकेके अध्यक्ष ओली के दाबी

वीरगंज ०५ अगहन
नेकपा एमाले के अध्यक्ष केपी शर्मा ओली २०८४ के निर्वाचन मे एमाले के एकल बहुमत के सरकार बनेके दाबी कईले बानी ।
मंगर के दिने पर्सा के पोखरिया मे आयोजना कईल बृहत सभा तथा बृहत् पार्टी प्रवेश कार्जक्रम के सम्बोधन करत एमाले अध्यक्ष ओली एमाले अभी देश संगठन विस्तार के अभियान चला रहल आ २०८४ के चुनाव मे एमाले के एकल बहुमत के सरकार बनेके दाबी कईनी ।
उ कहनी, ’आवेवाला २०८४ चुनाव मे एमाले के कउनो भी शक्ति हरावे ना सकेवाला किसिम से संगठन के मजबुत बना रहल बानी । हमनी मिसन २०८४ मे लागल बानी । २०८४ के चुनाव मे देशभर एमाले के विजयपताका फहराई । एमाले के एकल बहुमत के सरकार बनेके निश्चित बा ।’ पूर्व प्रधानमन्त्री भी रहल ओली एमाले बाहेक कउनो भी पार्टी देश के समृद्ध बनावे ना सकेके बतवनी । देश के अभी के बेथिति आ विसंगति से बाहर निकाले खातिर एमाले के सरकार के विकल्प हि ना भईल जिकिर भी उ कईनी ।
पडोसी देशसब से दबाके ना, बराबर हैसियत बनाके अगाडि बढेके नीति मे एमाले नेतृत्व मे बनेवाला सरकार के रहेके उ बतवनी । देश मे अभी के गठबन्धन के सरकार के चलते चरम बेथिति, भ्रष्टाचार आ आर्थिक मन्दी बढत गईला से ई सभी से देश के बाहर निकाले खातिर देश मे एमाले नेतृत्व के सरकार हि जरुरी भईल उ बतवनी ।
दुर्गा प्रसाई के नयाँ तत्व के सिखण्डी के संज्ञा देत ओली कहनी, ’अभी देश मे कुछ नयाँ तत्वसब कुद रहल बा । अभी के गठबन्धन के सरकार के बेथिति के चलते हि उ सिखण्डी के एमाले गन्दा भी ना गनी । कउनो मतलब भी ना राखी । काहेकी एमाले सिसा के गिलास ना ह । जउन कहुँ ठोकईला पर फुट जाई । एमाले ओईसन इस्पात ह, जउन घन से मारला पर भी टसमस ना होखी । ओहिसे अभी कुद रहल नयाँ सिखण्डीलोग के एमाले मतलब हि ना राखी ।’
ओली भगवान राम के जन्मभूमि पर्सा के ठोरी हि भईल दोहरवनी । उ कहनी, ’अभी भारत से राम मन्दिर बना रहल अयोध्या भगवान राम के जन्मभूमि ना ह । काहेकी अयोध्या डेढ सय बरीस पहिले तक फैजलावाद रहे । वास्तविक राम जन्मभूमि त नेपाल के ठोरी ह कहके बात धर्मशास्त्र मे उल्लेख बा ।’ कार्जक्रम मे जसपा नेपाल के नेता एवं पप्पु कन्ट्रक्सन के पूर्व सञ्चालक हरिनारायण रौनियार जसपा छाडके एमाले मे प्रवेश कईले रहलन ।
२०७४ के निर्वाचन मे पर्सा क्षेत्र नम्बर ३ से प्रतिनिधि सभा सदस्य मे निर्वाचित भईल रौनियारसँगे लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के नेतृ मुन्नी श्रीवास्तव, नेपाल सुशासन पार्टी के केन्द्रीय सदस्य विना देवी लगायत अनेकन पार्टी के सयो नेता तथा कार्यकर्ता भी एमाले प्रवेश कईलें ।
एमाले पर्सा के संयोजक डा. विश्वम्भर शर्मा के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा एमाले के केन्द्रिय सचिव एवं मधेश प्रदेश इन्चार्ज योगेश भट्टराई, कोशी प्रदेश के इन्चार्ज रघुविर महासेठ, पोलिटब्यूरो सदस्य पुरुषोत्तम पौडेल, अच्यूत मैनाली, ज्वाला साह, सुमन प्याकुरेल, केन्द्रिय सदस्य एवं प्रतिनिधिसभा सदस्य राजकुमार गुप्ता, प्रभू हजरा, निर्मला देवकोटा, केन्द्रिय सदस्य अरविन्द कुमार सिंह, संविधानसभा सदस्य एवं मधेश प्रदेश के उपाध्यक्ष बिचारी यादव, संविधानसभा सदस्य एवं पोखरिया नगरपालिका के मेयर प्रद्युमन चौहान, संविधानसभा सदस्य जयप्रकाश थारु लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण छिपहरमाई गाँवपालिका के अध्यक्ष मनोज गुप्ता कईले रहनी ।





