जिल्ला प्रशासन मातहत के कार्यालय मे कर्मचारी ना भईला से सेवाग्राहीलोग सास्ती भोगरहल
जिल्ला प्रशासन मातहत के कार्यालय मे कर्मचारी ना भईला से सेवाग्राहीलोग सास्ती भोगरहल

प्रभु यादव
बारा १० अगहन
बारा के जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे कर्मचारी ना भईला से सेवाग्राही सब सास्ती भोग रहल बाडन ।
बारा मे जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के सिमरा, सिम्रौनगढ नपा के सिम्रौनगढ आ कोल्हवी नपा कोल्हवी मे ईलाका प्रशासन कार्यालय रहल बा जवना मे सिमरा बाहेक कवनो मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत ना भईला से सेवाग्रही सब कलैया मे काम करावेला आवेमे बाध्य भईल बाडन ।
सिम्रौनगढ आ कोल्हवी के ईलाका प्रशासन कार्यालय मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत ना भईला से नागरिक्ता बनावे २५ किलो मिटर दुर आवेके परल बा काम समय मे ना होसकला से फिर्ता जाएके परल रामनाथ साह सिकायत कईले बानी । कोल्हवी से कलैया आईल सेवाग्राही सुदामा चौधरी जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे एगो प्रशासकीय अधिकृत भईला से काम करावेला ४ घण्टा लाईन मे बईठल रहनी अउरी काम करावेला सभे शाखा मे भिड भईला से समय मे काम ना होखे सकल सिकायत कईले बानी ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा से जनकारी लेहला पर मन्त्रालय से कर्मचारी ना पेठावला से काम करेमे सास्ती होरहल बतवनी । सेवाग्राही सब के कलैया मे सिम्रौनगढ आ कोल्हवी के ईलाका प्रशासन के आवश्यक काम करेके परला से भिड बढल बा सापकोट जनकारी करावले बानी । काम अधिक आ काम करेवाला कर्मचारी कम भईला पर भिड बढी आ जनता के काम मे कुछ ढिला होई प्रजिअ सापकोटा के कहनाम रहल बा । केन्द्र से कर्मचारी आवते काम मे सहज होई प्रजिअ सापकोटा बतावले बानी ।
कलैया मे प्रजिअ सापकोटा सहित तीन जने अधिकारी लोग रहल बाडन । साहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण प्रसाद आचार्य, प्रसाशकीय अधिकृत अनिता कुमारी रजवट रहल बानी आ दुगो प्रशासकीय अधिकृत के दरबन्दी खाली रहल बा ।





