अफवाह फईलावल कहत काउन्सिल द्वारा १८ युट्युब के कारबाही सिफारिस
अफवाह फईलावल कहत काउन्सिल द्वारा १८ युट्युब के कारबाही सिफारिस

काठमाण्डु १७ अगहन
प्रेस काउन्सिल नेपाल दर्ता÷सूचीकरण ना होके सञ्चालित होके अफवाहपूर्ण सामान सम्प्रेषण करेवाला आउर १८ गो युट्युब च्यानल के कारबाही के खातिर सिफारिस कईले बा । निराधार, अफवाह आ अतिरञ्जनापूर्ण शीर्षक देके जनमानस भ्रम फईलावेके, कुरीति एवं अन्धविश्वास के प्रश्रय देवेके, अमर्यादित, अश्लिल सामान सम्प्रेषण करके आचारसंहिता उल्लङ्घन भईला से कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल काउन्सिल जनवले बा ।
मिडिया अन्तर्गत आवद्ध ना भईल सामाजिक सञ्जाल (युट्यूब च्यानल) से सम्प्रेषित सामान के अनुसन्धान करके कारबाही करे खातिर नेपाल प्रहरी (साइबर ब्युरो) मे पत्राचार कईल काउन्सिल के सहप्रशासकीय अधिकृत रामशरण बोहराद्वारा जारी विज्ञप्ति मे उल्लेख बा । मिडिया अन्तर्गत सञ्चालन मे रहला के हक मे पत्रकार आचारसंहिता के व्यवस्था बमोजिम हि कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
काउन्सिल एकरा से पहिले सञ्चार माध्यम के आवरण मे सर्वसाधारण के त्रसित आ आतंकित करेवाला सामान सम्प्रेषण कईल कहत अगहन ८ गते युट्युब सहित के १७ गो मिडिया के २४ घण्टे स्पष्टीकरण पुछले रहे ।
काउन्सिल हिंसा, त्रास एवं द्वन्द्व के प्रश्रय देवेवाला प्रायोजित एवं पक्षपोषणयुक्त, घृणास्पद अभिव्यक्ति एवं वैयक्तिक गोपनीयता प्रतिकूल सामान सम्प्रेषण ना करे÷ना करावे खातिर सञ्चार माध्यम, आम पत्रकार, सञ्चारकर्मी, सामाजिक सञ्जाल के प्रयोगकर्ता मे निहोरा भी कईले बा ।






