स्थानिय सरकार के लापरवाही से किसानलोग ठगारहल
स्थानिय सरकार के लापरवाही से किसानलोग ठगारहल

प्रभु यादव
बारा २० अगहन
खेतीपाती मे अभी गेहु, मकई के सिजन सुरू भईल बा । बजार मे व्यापारी सब खेती करेवाला किसान के सरकार से बिना मान्यता लेहल बियाँ सब बातचित मे भुलिया के बेचरहल बा ।
जवन बियाँ के नेपाल सरकार से खरिद बिक्री करेला ना कहल गेहु आ मकई के बियाँ बजार मे खुलमखुला किसान सब के झुठमुठ के बातचित कर के देके फँसारहल कलैया २ के ब्रह्मदेव राउत सिकायत कईले बानी ।
पहिले किसान सब के खेत मे मकई मे बाल लागल माकिर दाना ना लगला से पीडा मे परके आन्दोलन तक भईल रहल राउत जनकारी करावले बानी । नेपाल मे हाईब्रिड धान के बियाँ लगावला पर दाना ना भईला पर किसान समस्या मे पडल रहे सभे के मालुम भईल राउत बतावले बानी ।
स्थानिय सरकार के पुर्ण अधिकार रहल जवन बजार मे कवनो किसिम के अनुगमन आ खेतीपाती मे लागेवाला समाग्री सब असल गुणस्तरीय बेचाता कि कमसल गुणस्तरहिन बेचाता ना देखला से किसान सब ठगा रहल कलैया ८ के सुनिल प्रसाद बतावले बानी ।
किसान सब के खेत जग्गा जमिन से कर लेके कमिसन मिलेवाला काम मे खर्च मे मात्र स्थानिय सरकार लागल बा माकिर सभेके जवना से जीवन के अधार बनेवाला बा ओह ओर गैरजिम्मेवार बन के व्यापारी सब के बढावा देरहल बा कलैया २ के राजेश्वर यादव सिकायत कईले बानी ।
अनुदान के मल खाद डिलर मे ना बा माकिर जवना के बेचेके अधिकार ना बा ओह दुकान मे अधिक मोल लेके बिक्री होरहल बा माकिर अनुगमन कर के नियमन करावेके जिम्मेवारी रहल स्थानिय सरकार मौन रहला से बजार से भि नजराना मिलरहल बुझात बा यादव सिकायत कईले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के कृषि शाखा के इन्चार्ज कुन्दन यादव से जनकारी लेहला पर अनुगमन करेला सम्बन्धि निकाय से समन्वय कर के बजार मे जायल जाई बतवले बानी । कृषि शाखा के प्राविधिक सुरेश धामला से जनकारी कईला पर स्थानिय सरकार से अनुमती ना मिलला से बजार अनुगमन ना कईल जारहल बतावले बानी ।
बारा के जितपुर, प्रसौनी, कलैया, बरियारपुर, गजभवानीपुर, सिम्रौनगढ, कोल्हवी मुख्य बजार सब मे भारत से गैरकानुनी रूप मे लियावल बियाँ सब बिक्री होरहल बा जवन अनुगमन करेवाला निकाय से ना कईला से व्यापारी सब मालामाल आ किसान सब झमेल मे फँस के ठगा रहल बाडन ।






