संघिय सरकार संविधान मे भईल अधिकार प्रदेश के ना देहला से विकास ना होखे सकल : मुख्यमन्त्री यादव
संघिय सरकार संविधान मे भईल अधिकार प्रदेश के ना देहला से विकास ना होखे सकल : मुख्यमन्त्री यादव

प्रभु यादव
बारा २२ अगहन
गणतन्त्र के आठ बरीस भईला के वाद भी संघिय सरकार प्रदेश सरकार के देवेवाला अधिकार ना देहला के कारण विकास ना होखेसकल मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज यादव बतावले बानी ।
बारागढी गाँवपालिका के नव निर्मित प्रशासकीय भवन के उदघाटन करत संघिय सरकार से संविधान मे भईल अधिकार प्रदेश सरकार के ना मिलल मुख्यमन्त्री यादव बतावले बानी । मधेश प्रदेश मे स्वास्थ्य ओर सेवा जनता मे सहज पहुच करेला चार सय ५० गो कर्मचारी के भर्ना करेला प्रक्रिया अगाडि बढारहल यादव बतवले बानी ।
बारा जिल्ला मे नेपाल के नमुना यातायात कार्यालय बनावेला योजना रखले बानी मुख्यमन्त्री यादव बतावले बानी । यातायात कार्यालय के खातिर करिब एक विगहा १० कठ्ठा जमिन के खोजी कईल जारहल बा अगहन २५ गते कार्यालय उदघान कईल जाएके मुख्यमन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । मधेश प्रदेश के आठ जिल्ला मध्ये अधिक लागू पदार्थ सेवन करेवाला बारा भईला से सुधार केन्द्र निमार्ण करेला निजगढ मे बजेट छुटयावल गईल बा जमिन मिलते काम सुरू कईल जाएके मुख्यमन्त्री यादव जानकारी करावले रहनी ।
कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि बारा के निर्वाच क्षेत्र १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य अच्चुत मैनाली कर्मचारी आ जनप्रतिनिधि जनता के सेवक हई राष्ट्रसेवक बतावले बानी । मधेश प्रदेश मे कवनो तथ्यांक ठिक से ना भईला से विकास करेवाला काम ना होरहल संसद मैनाली सिकायत कईले बानी । बारा जिल्ला मे शिक्षा के तथ्यांक घटरहल बा पढाइ के ओर ध्यान देके बढावेके सल्लाह मैनाली करावले रहनी । मधेश प्रदेश के पूर्व अर्थ राज्यमन्त्री उषा यादव संविधान मे भईल त्रुर्टी सब ना सचियवला के कारण मधेश प्रदेश के बहुते पालिका मे आर्थिक नीति तथा कार्य योजना प्रस्तुत ना भईला से विकास के काम सब रूकल सिकायत कईले बानी । बारागढी के नव निर्मित भवन से जनता के कामकाज करे मे भ्राष्टाचार भईल सुनेके ना मिलो पूर्वमन्त्री यादव सुझाव देहले रहनी ।
बारागढी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुनिल केसरी नव निर्मित भवन २०७८ साल जेष्ठ २१ गते से सुरू होके २०८० साल असाढ ३१ गते सम्पन्न भईल जनकारी करावले रहनी । पाँच करोड ७६ लाख ३२ हजार के लागत मे भुपेन्द्र कन्ट्रकशन, देवा कन्ट्रकशन आ महाविर कन्ट्रकशन भवन निर्माण कईले बा प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जनकारी करावले रहनी ।
उदघाटन कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह, प्रदेश सभा सदस्य त्रिलोकी चौधरी जसपा के राजनितिक सदस्य रामकिशोर यादव, बारागढी गाँवपालिका के पूर्व गाविस अध्यक्ष देवदत्त बछाड लगायत के लोग शुभकामना देहले रहनी ।
गाँवपालिका के अध्यक्ष अशोक कुमार जयसवाल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम के संचालन दयाशंकर राय कईले रहनी ।






