गढीमाई के जेठ बहिन कटवासीमाई के पञ्चवर्षिय मेला बुधवार के दिन उदघानटन भईल
गढीमाई के जेठ बहिन कटवासीमाई के पञ्चवर्षिय मेला बुधवार के दिन उदघानटन भईल

प्रभु यादव
बारा २७ अगहन
बारा के गढीमाई नगरपालिका ७ तेलगाई मे गढीमाई के बडकी बहिन कटवासीमाई के मेला बुधवार के दिन जनता समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव कईले बानी ।
हजारो भक्तजन आ श्रद्धालु सब लोग के साथसाथे महत्वपूर्ण कलश आ शोभा यात्रा तथा मेला के उदघाटन जसपा अध्यक्ष यादव कईले बानी । भौतिक पूर्बधार के साथे आर्थिक बिकास मे ध्यान देहल जरुरी रहल जसपा अध्यक्ष यादव बतावले बानी । विश्व प्रसिद्ध गढीमाई क्षेत्र आ कटवासीमाई क्षेत्र के पर्यटन क्षेत्र कु रुप मे बिकाश कर के जनता सब के आर्थिक स्रोत मे वृद्धि करावे के काम करेला अध्यक्ष यादव प्रतिबद्धता जनवले बानी । कलश आ शोभा यात्रा मे स्थानिय जनता के साथे सहभागी यादव रहल रहनी ।
महागढीमाई नगरपालिका के नगरप्रमुख उपेन्द्र यादव विश्व प्रसिद्ध गढीमाई जईसन मेला मे भक्तजन सब के खातिर ब्यवस्थापन करे के बतावले बानी । भक्तजन सब के खातिर रात के बईठेला बास खाना, शौचालय, बिजुली बत्ती, खानेपानी आ शान्ति सुरक्षा के कडा ब्यवस्थापन कईल गईल मेयर यादव बतवले बानी । भक्तजन आ श्रद्धाभक्ती भईल लोग के खातिर मनोरञ्जन के ब्यवस्था कईल गईल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
श्री कांटवासीमाई पञ्चबर्षिय पूजा एवम मेला मुलसमिति के अध्यक्ष एवम वडा नम्वर ७ के वार्ड अध्यक्ष शिबेन्द्र प्रताप सिंह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे शोभा यात्रा मे संबिधान सभा सदस्य रामजोध्या यादव, महागढीमाई नगरपालिका उप प्रमुख तारा देबी कानु, नेपाली कांग्रेस जिल्ला संचिव भैयाराम यादव, जिल्ला सदस्य बिरेन्द्र यादव, महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नं ५ गाजेन्द्र कुमार जयसवाल, जसपा के मधेस प्रदेश के अध्यक्ष रामबाबु यादव, प्रदेश सभा सदस्य बच्चा यादव, करैयामाई गाँवपालिका अध्यक्ष शम्भु यादव, पूर्ब राष्ट्रिय सभा सदस्य रामेश यादव लगायत आउर नेता कार्यकर्ता सहित गाँव–गाँव से आईल अस्था विश्वास लेके भक्तजन के उपस्थिति रहल रहे ।
मेला अगहन २७ गते से पुस ५ गते तकले लागि आ पुस ३ गते मुल पुजा होकर के बली देहल जायेके मेला समिति जनकारी करावले बा ।






