बारा मे पुलीस के गोली लागके एक पुरुष के मृत्यु

बारा मे पुलीस के गोली लागके एक पुरुष के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा २७ अगहन

बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका मे आन्दोलनरत शिक्षक–कर्मचारी आ पुलीस बीच झडप के समय मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।

स्थिति के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस हवाई फायर कईला पर मुडि मे गोली लागल सिम्रौनगढ–१ ननसगराढाँट के २५ बरीस के लक्ष्मी मुखिया बिन के मृत्यु भईल बारा प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा जानकारी देहनी । उनका मुताविक बिन के नारायणी अस्पताल वीरगंज मे मृत्यु भईल बा ।

बुध के दिने नगरपालिका कार्यालय पुगके मेयर किशोरी साह कलवार आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत महेश मिश्र के आन्दोलनरत कर्मचारी आ शिक्षक आक्रमण के प्रयास कईले रहलन । उलोग मेयर के गाडी मे तोडफोड कईलें । उहे समय पुलीस आ आन्दोलनरत कर्मचारी आ शिक्षकलोग बीच धकेलाधकेल भईल रहे, पुलीस लाठीचार्ज करके स्थिति नियन्त्रण मे लेहले रहे । माकिर बाद मे आन्दोलनकारीलोग आउर दबाब बढईला के बाद पुलीस स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर टियर ग्यास आ हवाई फायर कईल एसपी सुरेन्द्रप्रसाद काफ्ले जानकारी देहनी ।

‘पुलीस २०–२५ राउन्ड टियर ग्यास आ हवाई फायर कईलख । अभी स्थिति नियन्त्रण मे बा,’ एसपी काफ्ले कहनी । आन्दोलनकारी के पथल लागके १० पुलीस घायल भईल बाडन ।

आन्दोलन के चलते दु महिना एने नगरपालिका से नियमित सेवा प्रवाह होखे सकल नईखे । मेयर साह भी नियमित नगरपालिका ना जात रहलन । नगरपालिका मे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भी ना रहलन ।

बुध के दिने मेयर साह एक हप्ता पहिले मात्र पचरौता नगरपालिका से सरूवा लेहल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मिश्र के हाजिर करावे खातिर नगरपालिका पुगल रहलन । मेयर साह लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी से निर्वाचित भईल बाडन । माकिर नगरसभा मे नेपाली कांग्रेस के बहुमत बा । एकरा से पहिले मेयर साह नगरसभा पुरा भईल कहके सार्वजनिक कईला पर भी कांग्रेस के जनप्रतिनिधिलोग नगरसभा ना भईल कहत विरोध जनईला पर विवाद उत्पन्न भईल बा ।

जनप्रतिनिधि के विवाद से नगरपालिका के काम कारबाही प्रभावित भईला पर कर्मचारी आ शिक्षकलोग भी आन्दोलित बनल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।