प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष उपप्रमुख के देवेके निर्णय के बाद मिलल वीरगंज महानगर के विवाद

प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष उपप्रमुख के देवेके निर्णय के बाद मिलल वीरगंज महानगर के विवाद

वीरगंज ०२ पुस

पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका के विवाद मिलल बा । उपप्रमुख इम्तियाज आलम खाली भईल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष के आपन कार्यकक्ष बनावेके खोजला के बाद विवाद सिर्जना भईल रहे । उ कार्यकक्ष उपप्रमुख आलम से प्रयोग करेवाला विषय के लेके २६ अगहन मे मेयर राजेशमान सिंह आ उपमेयर आलम के समर्थकबीच मारमारी भईल रहे ।

सोमार के दिने बईठल कार्यपालिका बईठक से प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष मे उपप्रमुख आलम के हि बईठे देवेके निर्णय भईला सँगे विवाद साम्य भईल बा । प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रहल कोठरी खाली भईला के बाद महानगर मेयर सिंह के निर्देशन मे कर्मचारी पञ्जीकरण शाखा हटावेके खोजला पर उपमेयर आलम के सचिवालय रोकला पर तनाव उत्पन्न भईल रहे ।

सोमार के कार्यपालिका वईठक से प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष के उपप्रमुख के कार्यकक्ष विस्तार करे देवेके निर्णय कईला सँगे विवाद समाधान भईल मेयर सिंह के सचिवालय जानकारी देहले बा ।

‘प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष नगरप्रमुख रहल भवन के पहिलका तल्ला मे राखेके, नगर उपप्रमुख के सचिवालय रहल पार्किङ क्षेत्र ओरी के ३ गो कोठरी से सचिवालय हटाके जरुरत मुताविक के शाखा स्थानान्तरण करेके, अभी खाली भईल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के कार्यकक्ष के उपप्रमुख के कार्यकक्ष विस्तार करे देवेके बईठक से निर्णय कईले बा,’ सचिवालय कहले बा ।

नयाँ प्रशासनिक भवन निर्माण कईल जाई

कार्यपालिका बईठक से नगरवासी के सहज सेवा प्रदान करे खातिर सेवाग्राही मैत्री कार्यकक्ष के खातिर नयाँ प्रशासनिक भवन निर्माण कईल जरुरी रहल कहके सुशासन तथा संस्थागत विकास समिति से बुझावल प्रतिवेदन स्वीकृत भईल रहे ।

बईठक से भवन व्यवस्थापन के खातिर जलदी हि प्रकृया सुरु करेके निर्णय कईल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मातृका भट्टराइ जानकारी देहनी ।

कार्यकक्ष के विषय मे देखल गईल विवाद समाधान के खातिर ‘सुशासन तथा संस्थागत विकास समिति’ के बितल बियफे के बोर्ड बईठक से यथार्थ जानकारी सहित प्रतिबेदन बुझावे खातिर समय देहले रहे । समिति के संयोजक प्रदीप चौरसिया से बुझावल प्रतिवेदन के बोर्ड सामान्य परिमार्जन सहित पारित कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।