सामुदायिक स्कूल सब परीक्षा फारम के नाम मे नियम विपरीत पईसा असुल रहल
सामुदायिक स्कूल सब परीक्षा फारम के नाम मे नियम विपरीत पईसा असुल रहल

प्रभु यादव
बारा ०७ पुस
बारा के सामुदायिक स्कूल सब मे एसईई परीक्षा फारम आ किलास ९ के पढनियार लोग के राजिष्ट्रेशन फारम भरा रहल बा जवना मे लागेवाला पईसा से अधिक लेरहल जनकारी मे आईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ दोहरी मे रहल अमर माध्यमिक स्कूल मे किलास १० के पढनियार लोग से परीक्षा फिस ५०० सय आ मुल प्रमाणपत्र के २५० रोपेया अनलाईन अउरी फरम कलैया एकाई मे बुझावेला यातायात खर्च ५० रोपेया कर के ८ सय रोपेया लेरहल पढनियार विद्यार्थीसब के सिकायत रहल बा ।
किलास ९ के पढनियार लोग से राजिष्ट्रेशन फिस ३०० आ यातायात खर्च अनलाइन करेके ५० रोपेया लेरहल सिकायत आईल बा । स्कूल मे नेट आ कम्प्यूर रहल जवना से अनलाइन होसकता ओह बहना कर के सभे लईकन से ५० रोपेया खार्चा के कहके करिब ९ हजार रोपेया नियम विपरीत उठारहल अभिभावक लोग के सिकायत रहल बा ।
अमर माध्यमिक स्कुल के प्रअ दिनेश पटेल से जनकारी लेहला पर समिति से निर्णय करा के उठावल जारहल जनकारी करावले बानी । विद्यालय व्यवस्थापन समिति के वार्ड प्रतिनिधि वार्ड सदस्य महम्द अखतर से जनकारी लेहला पर अपना के जनकारी ना भईल बतावले बानी । ना लागेवाला रकम ना लेवे के वार्ड सदस्य अखतर बतावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल से जनकारी कईला पर उ सभेकाम जिल्ला शिक्षा एकाई कार्यालय मे रहल कर्मचारी लोग के मालुम होई हमरा सब के जानकारी आ सरोकार ना भईल कह के पन्छेके चहले बानी । जबकी जिल्ला शिक्षा कार्यालय के मान्यता स्थानिय शिक्षा शाखा के देहले बा ।
अमर माध्यमिक विद्यालय के किलास १० आ ९ के पढनियार लईका सब के सभे लागेवाला शुल्क स्कुल बुझा देहले बा माकिर फारम ना लेहल लोग से दोबर दस्तुर कह के आठ सय लागेवाला से यातायात खर्च सहित के दोबर एक हजार छव सय किलास नौ के लईका से सात सय प्रअ पटेल माग रहल पढनियार लईका लोग जनकारी करावले बाडन ।
लेखापाल बिहार महतो से जनकारी कईला पर हम लेखापाल पद मे बानी माकिर सभे काम स्वयम् प्रअ पटेल करेलन जनकारी करावले बानी । प्रअ पटेल पढाइ कराव के ना पईसा कईसे होई ओह काम मे लागल शिक्षा के पढावे के ना विगाडे के काम मे लागल समाज के लोग के सिकायत रहल बा ।





