राजपुर नगरपालिका मे जसपा के नगर स्तरीय अगुवा कार्यकर्ता भेला

राजपुर नगरपालिका मे जसपा के नगर स्तरीय अगुवा कार्यकर्ता भेला

मेवालाल यादव

रौतहट १० पुस

रौतहट के राजपुर नगरपालिका वार्ड नं. ५ राजपुर हाइ स्कुल के लगे रहल बियाह मण्डप के सभाहल मे नगर स्तरीय अगुवा कार्यकर्ता भेला पुरा भईल बा ।

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट जिल्ला अध्यक्ष श्याम बिहारी यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पूर्व प्रदेशसभा सदस्य रामकिशोर प्रसाद यादव मधेस प्रदेश के नागरिक पहाडी जिल्ला मे पहिचान करावे मे राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के महत्वपूर्ण भुमिका रहल दाबी कईनी ।

मधेस प्रदेश के पूर्व मुख्यमन्त्री मो.लालबाबु राउत लईकालईकी के खातिर सबसे पहिले साइकल तथा जन्मल लईकी के खातिर शिक्षा बिमा के सुरुवात कईल बतवनी ।

जसपा जिल्ला कमिटी द्वारा आयोजना कईल भेला से राजपुर नगर तदर्थ समिति गठन भईल बा । मो. शेख कलाम के अध्यक्षता मे १७ सदस्यीय नगर तदर्थ समिति गठन भईल बा ।

कार्जक्रम मे पुर्व मन्त्री योगेन्द्र राय यादव, किरण ठाकुर, मो. प्रवेज आलम लगायत नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।