देश के असफल बनावेवाला दल के मठाधिश के बहिस्कार कईल जाँव : प्रभु साह

देश के असफल बनावेवाला दल के मठाधिश के बहिस्कार कईल जाँव : प्रभु साह

वीरगंज १५ पुस

आम जनता पार्टी (आजपा) के अध्यक्ष एंव पुर्वमन्त्री प्रभु साह प्रमुख दल के नेतालोग के चलते देश असफल होके आर्थिक संकट बढत गईल बतवले बाडन ।

आजपाद्वारा पर्सा के पोखरिया मे एतवार के दिने आयोजना कईल पार्टी प्रवेश एंव कर्याकर्ता भेला कार्जक्रम के सम्बोधन करत अध्यक्ष साह देश मे आर्थिक संकट बढत गईला के चलते अनेकन समस्य देखाई देहल बतवनी ।

‘कांग्रेस, माओवादी, एमाले लगायत दल के नेतालोग सत्ता प्राप्ति के दौड मे बानी । समृद्धि, सुशासन कईसे कायम कईल जा सकता, नेपाली जनता के चाहना कईसे पुरा कईल जा सकता कहके बारेमे सोंचेके उलोग के फुर्सद नईखे’ आजपा अध्यक्ष साह कहनी, ‘सत्ता मे कईसे पुगेके, सरकार बनावेके आ गिरावे के खेल मे लागल नेतालोग रोजगार सृजना करे ना सकलन । ओहिसे आजु बेरोजगारी बढल बा । भ्रष्टाचार, कुशासन बढल बा । देश मे आर्थिक संकट बढत गईल बा । रोजगार खोज रहल युवा के सरकार रोजगार देवे सकल नईखे । रोजगार के खातिर बिदेश जाएम कहेवाला युवालोग के सरकार गोली मारके हत्या कईल दृश्य हमनी देख रहल बानी ।’

ई नेतालोग के सत्ता मोह के चलते ई व्यवस्था असफल भईल बतावत उ समृद्ध नेपाल निर्माण के खातिर प्रत्यक्ष निर्वाचित राष्ट्रपतिय व्यवस्था मे गईला के विकल्प ना भईल बतवनी । ई सरकार, दल तथा दल के मठाधिशलोग असफल भईल बतावत अध्यक्ष साह ई सरकार विघटन करके अन्तरिम सरकार गठन करके देश के निकास आ बिकास देके देश समृद्ध बनावे सकेके बतवनी । एक दोसर प्रसंग मे आजपा अध्यक्ष साह वीरगंज सहित पुरे मधेस के उजाड बनावेके काम उपेन्द्र यादव कईल बतावत उपेन्द्र के मधेस से बहिष्कार करके दण्डित करेके बतवनी । ‘सब से सुगम कहल मधेस के मानव सूचांक अभी कर्णाली से भी पछाडी बा । वीरगंज सहित मधेस के बर्वाद करेके, उजाड बनावेवालो, तहसनहस करेवाला के अब बहिष्कार करके दण्डित करेके समय आईल’ साह कहनी । दलित के आवास निर्माण, शिक्षा, स्वास्थ्य, यातायात सभी क्षेत्र मे कउनो एगो काम करे ना सकेवाला सत्ता मे रहके लुट मचा रहल आरोप साह लगवनी । संघीय सरकार सहित मधेस प्रदेश के सरकार भ्रष्टाचार मे लिप्त रहल बतावत उ सुशासन, समृद्धि के खातिर भ्रष्टाचार के बिरुद्ध मे शसक्त आवाज उठावेके बतवनी ।

बैंकसब से लेवेवाला मनोमानी ब्याज फिर्ता करेके, लघुबित आ सहकारीसब से लेहल सभी कर्जा मिनाहा तथा किसानलोग के सहुलियत कर्जा उपलब्ध करावेके लगायत के बिषय मे आजपा आवाज उठावत आईल बा । एकरा के पुरा करावे खातिर आजपा से घोषणा कईल माघ १० गते के मधेश बन्द के कार्जक्रम के सफल बनावे खातिर आह्वान कईल बा ।

आजपा पर्सा के अध्यक्ष पदम रसुल के अध्यक्षता मे पोखरीया मे आयोजित पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के सुवास कुशवाहा, जसपा के बशिष्ट कुशवाहा, जनमत के केदार कुशवाहा, लोसपा के ओमप्रकाश कुशवाहा, जसपा के महम्द इस्तिखार आजपा मे प्रवेश कईले बा ।

एहितरे फनेश साह सोनार, सरेश मुखिया, अच्छेलाल राउत कुर्मी, राजन मण्डल, सोनालाल मण्डल, मिलन मण्डल, बैजनाथ साह, प्रयाग साह, लालबाबु साह, सुरज ठाकुर, जितेन्द्र राम, बृजा साह, शम्भु राम, कन्चन साह, जवाहर गिरी, अम्बिका साह, मंगल साह, सोहन राम, विरेन्द्र साह, अमिरिका चौहान लगायत सयो स्थानीय नेता तथा कार्यकर्तालोग अनेकन पार्टी परित्याग करके आजपा मे प्रवेश कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।