जनकपुर से भार सहित आईल भक्तलोग के बरियापुर मे भव्य स्वागत, १०१ भार पेठावल गईल

जनकपुर से भार सहित आईल भक्तलोग के बरियापुर मे भव्य स्वागत, १०१ भार पेठावल गईल

प्रभु यादव

बारा १९ पुस

बारा के महागढीमाई नगरपालिका मे जनकपुर से अयोध्या के लेल निकलल भार के बरियापुर मे भव्य स्वागत भईल बा । बरियापुर मे रहल गढीमाई मन्दिर परिसर मे पालिका प्रमुख उपेन्द्र यादव के साथे गाँव के जनता सभे ईनर्वा चौक से ढोलबाजा सहित पुगल रहलन ।

महागढीमाई नगरपालिका से गढीमाई फाउन्डेसन के ओर से एक सय एगो दाउरा के सारभार आ दु किलो के चान्दी के बर्तन अयोध्या पठावल जारहल मेयर यादव पत्रकार सम्मेलन कर के जानकारी करावले बानी । भार के साथे १० जने जाके अयोध्या मे रामजी के घर पर हस्तातरण करेला पेठावल जारहल बा । रामजी के ससुराल से भार आरहल अयोध्या मे मालुम बा भार पुगते स्वागत के साथ ही राखिहे मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।

राम अउरी सीता के विश्व मे सब से बडका मुर्ति भईल जवना के प्राणप्रतिषणठा के दिन सभे हिन्दु धर्म मानेवाला लोग घर–घर मे दिया जरावे के मेयर यादव निहोरा कईले बानी । जनकपुर से चलल भार बरियारपुर से कलैया होते विरंगज से भारत प्रस्थान करे के मेयर यादव बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।