विकास के काम मे बाधा पुगावेवाला के सभी जनप्रतिनिधि मिलके प्रतिकार करीं : मेयर साह

विकास के काम मे बाधा पुगावेवाला के सभी जनप्रतिनिधि मिलके प्रतिकार करीं : मेयर साह

प्रभु यादव

बारा १९ पुस

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह विकास के काम मे प्रतिकार कर के बाधा पुगावेवाला कईल काम करेवाला के सभे जनप्रतिधि मिलके प्रतिकार करेके पडि कहके बतावले बानी ।

करणराज पार्टी प्लेस मे भईल कलैया उपमहानगरपालिका के बरहवा नगर सभा मे बोलत मेयर साह अईसन बतावले बानी । कलैया के बजार मे व्यापारी सब एककृत राज्य कर रहल नियम तोडेला काम कईला पर आपन व्यक्तिगत लाभ के खातिर प्रतिकार मे उतर के काम करेला पुगावल बाधा के बतावत जनप्रतिनिधि के प्रतिकार मे उतर के काम करेला मेयर साह बतावले बानी । मधेश प्रदेश के महानगरपालि के वाद सब से बडका पालिका मे बारा के सभे पालिका से आगे सरद परिषद कररहल मेयर साह बतावले बानी । नगरसभा के सभासद लोग के तीन दिन चलेवाला परिषद मे आपन आपन ठाँव के समस्या खुल के राखेके आ छलफल करे के बतावले रहनी ।

कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के उप–मेयर रोशन परविन आ.व. २०८०÷०८१ अगहन तकले के अर्धवार्षिक आयव्यय प्रस्तुत कईले रहनी । आ. व. २०८०÷२०८१ के अगहन मसान्त तकले के यथार्थ आय विवरण चालु तर्फ नेपाल सरकार समानिकरण अनुदान रु. १३ करोड ५३ लाख ५० हजार, नेपाल सरकार सशर्त अनुदान २५ करोड १७ लाख २५ हजार, नेपाल सरकार सशर्त अनुदान पूँजिगत १७ लाख ५० हजार, नेपाल सरकार बिषेश अनुदान रु. २७ लाख, नेपाल सरकार सम्पुरक अनुदान २ करोड ६२ लाख ५० हजार, प्रदेश सरकार समानिकरण अनुदान एक करोड तीन लाख ४२ हजार पाँच सय, संघीय सरकार राजश्व वाँडफाँड तीन करोड ५५ लाख ११ हजार आठ सय १८ रोपेया २४ पईसा, प्रदेश सरकार राजस्व वाँडफाँड २० लाख ८२ हजार दु सय ३९ रोपेया, स्थानीय राजश्व वाँडफाँड से एक करोड सात लाख आठ हजार २३ रोपेया १२ पईसा, आन्तरिक से चार करोड २४ लाख पाँच हजार नौ सय ३५ रोपेया ३७ पईसा बितल बरीस के आईल नौ करोड २४ लाख ९७ हजार एक सय ११ रोपेया ४४ पईसा कर के कुल जम्मा ६१ करोड २० लाख ९५ हजार सात सय २७ रोपेया १७ पईसा आम्दानी प्राप्त भईल प्रस्तुत कईले रहनी ।

आ. व. २०८०÷०८१ के अगहन मसान्त तक के यथार्थ ब्यय विवरण चालु खर्च (पालिका) १६ करोड १४ लाख ६७ हजार ३० रोपेया २७ पईसा, पूँजीगत खर्च (पालिका) आठ करोड २९ लाख ५६ हजार छव सय पाँच रोपेया ३८ पईसा, चालु खर्च (संघ) ओरी १५ करोड ६७ लाख २९ हजार आठ सय ६२ रोपेया ५६ पईसा आ पुजीगत खर्च (संघ) ३१ लाख ७७ हजार तीन सय ५५ रोपेया ८७ पईसा खर्च होके बाकी रु. २० करोड ७७ लाख ६४ हजार आठ सय ७३ रोपेया ९ पईसा मौज्दात रहल उपमेयर प्रविन जनकारी करवले बानी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नाथु साह, शिक्षा अधिकृत प्रहलाद वर्णावाल, पुर्व जिल्ला समन्वय समिति के सदस्य आ वार्ड नम्वर ४ के वार्ड सदस्य पवन व्याहुत आपन बात रखले रहनी । कार्जक्रम मे पालिका के वार्ड अध्यक्ष आ सदस्य लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।