जनकपुरधाम–अयोध्या भार यात्रा’ वीरगंज से अयोध्या के खातिर चलल

जनकपुरधाम–अयोध्या भार यात्रा’ वीरगंज से अयोध्या के खातिर चलल

वीरगंज २० पुस

भारत के अयोध्या मे नवनिर्मित राममन्दिर के प्राण प्रतिष्ठा के खातिर जनकपुर से आईल ‘जनकपुरधाम–अयोध्या भार यात्रा’ शुक के दिने अयोध्या प्रस्थान कईले बा ।

अयोध्या मे नवनिर्मित राम मन्दिर मे प्राण प्रतिष्ठा के खातिर जनकपुर से जानकी मन्दिर के महन्त रामरोशन दास के नेतृत्व मे वीरगंज मे बियफे के सँझिया आइल टोली के वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह स्वागत कईले रहनी ।

उ अवसर मे मधेस प्रदेश के नेपाल प्रहरी के प्रहरी नायब महानिरीक्षक जनक भट्टराई, सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक दिपेन्द्र शाह, वीरगंज महानगरपालिका के सद्रुभावना दूत अशोक वैद्य लगायत यात्रा मे सहभागीलोग के माला आ खादा से स्वागत कईले रहलन ।

शुक के सबेरे उ यात्रा वीरगंज से रक्सौल होत अयोध्या के खातिर प्रस्थान कईले बा । वीरगंज के आदर्शनगर स्थित राणीसती अतिथिसदन से निकलल यात्रा के मेयर सिंह मितेरी पुल तक पुगके बिदाइ कईले रहलन ।

शुक के सबेरे वीरगंज से प्रस्थान कईल यात्रा भारत के गोरखपुर होत शुक के रात तक अयोध्या पुगेके बतावल गईल बा ।

अयोध्या मे नवनिर्मित राममन्दिर मे जनवरी २२ तारिख मे होखेवाला प्राणप्रतिष्ठा आ उदघाटन के खातिर नेपाल के जनकपुर से वीरगंज होत प्रस्थान कईल भार (कोसेली) सहित के यात्रा मे चाँदी के धनुष, तीर, चरण पादुका, मिठाइ के अनेकन परिकार, आभुषण, कपडा पाहुर मे अनेकन किसिम के कपडा, आभूषण लगायत के सामान समावेश बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।