जगदम्बा स्टिल गुणस्तरहीन छड बनाके उपभोक्ताके ठग रहल सिकाईत

जगदम्बा स्टिल गुणस्तरहीन छड बनाके उपभोक्ताके ठग रहल सिकाईत

वीरगंज २० पुस

शंकर गु्रप अन्तर्गत बारा के सिमरा मे रहल जगदम्बा स्टिलद्वारा उत्पादित लोहा के डण्डी (छड) गुणस्तरहीन रहल सिकाईत बढल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–१५ लक्ष्मणवा मे घर बनावत आईल एक जने उपभोक्ता के मुताविक जगदम्बा स्टिल्स के जगदम्बा इ एफइ ५०० के १६ एमएम के लोहा के रड प्रयोग कईला पर रड के लचकता जरुरत से बहुते कम रहला से रड के मोडेके समय मे टुट रहल उपभोक्ता सिकाईत कईले बाडन ।

ई विषय मे पीडित पक्ष कम्पनी के जानकारी करईला पर कम्पनी सामान किनल जगहा मे जाई, दोकानदार के जउन करेके होई उ करीहन कहके बतवलन । उपभोक्ता दोकान के साहु लग गईला पर ई छड हमनी बनवले नईखी । ई कम्पनी के गलती ह कहत कम्पनी मे बुझीं कहके गैरजिम्मेवार जवाफ देहले बाडन ।

सिकाईत सुनेवाला कउनो निकाय ना मिलला के बाद पीडित घरधनी नेपाल गुणस्तर तथा नापतौल विभाग मे उजूरी देवेके बतवले बाडन ।

नम्बर वान लोहाके छड कहके झुठा दाबी करत आईल जगदम्बा के गुणस्तर मे लापरवाही देखल गईला के बाद उपभोक्ता के हितविपरीत बिक्री वितरण हो रहल बा । जगदम्बा स्टिल के उत्पादन मे वितल समय मे भी बेर बेर सवाल उठत आईल बा । समस्या आईल जगहा मे कम्पनी प्रतिनिधि पठाके सम्झौता करत आईल मिलल बा ।

जगदम्बा डण्डी प्रयोग करके बनावल घर लगायत भौतिक पूर्वाधार कमजोर देखल गईला पर सुरक्षा के खातिर बिमा करेके आ आउर कुछ दुर्घटना भईला पर जिम्मेवारी लेवेके उपभोक्ता से उ सम्झौता करत आईल बा ।

जगदम्बा लगायत कुछ उद्योग टुक्रा से, खिया लागके काम ना लागेवाला कवाडी लोहा सङ्कलन आ प्रशोधन करके छड बनावेलन । जगदम्बा खराब लोहा पघिलावेवाला भट्टी बनवले बा । उच्च तापक्रम मे लोहा के खरब सामान पघिलाके लिक्विड आइरन बना रहल समाचार स्रोत जनवले बा । क्रमशः तापक्रम घटाके लोहा के ब्लेड बनावल जाला । ओकरा के छड बनावेमे प्रयोग कईल जाला ।

कवाडी लोहा पघिलाके बनावेवाला छड से प्राइमरी ब्लेड से बनावल रड गुणस्तरीय होखेला । प्राइमरी ब्लेड से सेकेन्डरी ब्लेड प्रयोग कईला पर लागत कम परेला । अधिकांश उद्योग मे प्राइमरी ब्लेड, सेकेन्डरी ब्लेड प्रयोग कईल जाला । प्राइमरी ब्लेड मे खानी से लियावल कच्चा पदार्थ के पहिलका बेर प्रयोग मे लियावल जाला ।

सेकेन्डरी ब्लेड मे वेस्टेज कवाडी लोहा रिसाइकल करके ब्लेड बनाके प्रयोग कईल जाला । नेपाल के अधिकांश स्टिल उद्योग सेकेन्डरी ब्लेड प्रयोग करत आईल जनावल गईल बा । अधिकांश उद्योग विदेश के उच्च प्रविधियुक्त कम्पनी से रिसाइकल करके ब्लेड लियाके प्रयोग कईल जनावल गईल बा । कुछ स्टिल उद्योग नेपाल भितर कवाडी लोहा सङ्कलन आ प्रशोधन करके प्रयोग करत आईल बा ।

उ मेसे जगदम्बा कम्पनी भी एक ह । जगदम्बा खुदे प्रशोधन करके ब्लेड बनाके प्रयोग करत आईल जनावल बा । प्राइमरी ब्लेड से प्रशोधन कईल ब्लेड सस्ता परेके उद्योगी बतावेलन । अईसे जगदम्बा दु नम्बर के छड बजार मे लियाके जनता के ठग रहल उपभोक्तालोग के सिर्काइत रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।