बहुअरी सुपर लिग क्रिकेट प्रतियोगिता शुरु
बहुअरी सुपर लिग क्रिकेट प्रतियोगिता शुरु

वीरगंज २१ पुस
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ बहुअरी मे आजु से बहुअरी सुपर लिग क्रिकेट प्रतियोगिता शुरु भईल बा ।
प्रतियोगिता के उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी परवानीपुर गाँवपालिका प्रत्यासी तथा जसपा नेपाल पार्टी क्षेत्र नं ४ बारा के क्षेत्रीय इन्चार्ज सञ्जु साह रिबन काटके कईले रहनी । कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेता साह प्रतियोगिता के सफलता के खातिर शुभकामना देत ई प्रतियोगिता से आवेवाला दिन मे बहुअरी टोल के खेलाडीलोग के मनोबल बढेके आ भविष्य मे खेलाडीलोग राष्ट्रिय तह तक जाके खेलेके अवसर प्रदान होखेमे विश्वास व्यक्त कईनी ।
उ युवालोग के खेल के विकास के खातिर, उलोग के स्तर उन्नति के खातिर हम हरदम तईयार रहल प्रतिबद्धता जनवनी । उ प्रतियोगिता मे ६ गो टिम के सहभागिता रहल बा । टिम के आयोजकलोग मे सञ्जु साह, सागर पटेल, धीरज सिंह, प्रमोद यादव, ललन पटेल, विकास पटेल रहल बाडन । एकरा साथे आजु पहिलका दिन मे दु गो खेलसब पुरा भईल बा ।
पहिलका खेल मे बहुअरी रियल टाईगर बहुअरी फ्युचर टिम के ३ विकेट से हराके प्रतियोगिता मे विजयी सुरुवात कईले बा । एहितरे दोसर खेल मे बहुअरी सुपर किंग्स बहुअरी हिरो के ७६ रन से पराजीत करके जीत हासिल कईले बा । उ कार्जक्रम बहुअरी क्रिकेट कमिटी के अध्यक्ष मनोज पटेल के अध्यक्षता मे भईल रहे । प्रतियोगिता मे सहजोग करेवाला सभी खेलाडी, टीम मालिक, स्थानीय बासी लगायत के धन्यवाद देहले रहलन । आजु से सुरु भईल उ प्रतियोगिता सात दिन तक चलेवाला आयोजक कमिटी के सदस्य साजन पटेल जानकारी देहनी ।
कमिटी के सदस्यलोग मे विनय पटेल, विशाल पटेल, अक्षय पटेल, राहुल पटेल लगायत रहल बाडन । कार्जक्रम मे स्वच्छ समाज युवा क्लब के उपाध्यक्ष उमेश साह, सचिव त्रिलोक प्रताप सिंह, कोष अध्यक्ष मुर्तुजा आलम, सदस्य प्रध्यापक सरोज यादव, कमिटी के सलाहकार हरिओम पटेल, सञ्चारकर्मी राधेश्याम पटेल, कुणाल पटेल, आरोहण साह, राकेश साह लगायत क्रिकेट प्रेमीलोग के सहभागीता रहल कार्जक्रम के सञ्चालक आनन्द पटेल बतवनी ।






