वीरगंज महानगर के विद्यालय ८ दिन के खातिर बन्द

वीरगंज महानगर के विद्यालय ८ दिन के खातिर बन्द

वीरगंज २२ पुस

जाडा के चलते वीरगंज महानगर के विद्यालय ८ दिन के खातिर बन्द भईल बा ।

कुहाँ लागला के साथे घाम भी लागल छोडला के बाद जाडा बढल आ एकरा से विद्यालय मे लईकालईकी के पठनपाठन मे समस्या भईला से महानगरपालिका भी महानगर मे रहल सामुदायिक तथा संस्थागत विद्यालयसब मे सोमार से आठ दिन पठनपाठन बन्द करेके निर्णय कईले बा ।

एतवार के दिने बईठल महानगर के शिक्षा समिति के बईठक से सोमार से माघ १ गते तक महानगर के सभी सामुदायिक तथा संस्थागत विद्यालय मे पठनपाठन बन्द करेके निर्णय कईल शिक्षा अधिकृत हरि राउत जानकारी देहनी । माकिर परीक्षा चल रहल कुछ संस्थागत विद्यालयसब के हक मे परीक्षा नियमित राखे खातिर निहोरा कईल राउत बतवनी ।

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका भी चार दिन के खातिर विद्यालय बन्द करेके निर्णय कईले बा । नगरपालिका के मेयर सिंगासन सा तेली एतवार के दिने जारी कईल सार्वजनिक सूचना मे बढल जाडा के चलते लईकालईकी के स्वास्थ्य मे प्रतिकुल असर पारे सकेके भईला से सोमार से पुस २६ गते बियफे तक के खातिर विद्यालय मे पठनपाठन बन्द करेके निर्णय कईल उल्लेख बा ।

मौसम अनुकुल भईला पर शुक से पठनपाठन नियमित सञ्चालन आवेके मेयर साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।