मौसम प्रभावित भईला के बाद सडक मार्ग होत सिमरा अईलें पूर्वराजा शाह

मौसम प्रभावित भईला के बाद सडक मार्ग होत सिमरा अईलें पूर्वराजा शाह

बारा २३ पुस

पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र शाह सोमार के दिने सिमरा आईल बाडन । मौसम के चलते हवाई उडान अनिश्चित बनला के बाद पूर्वराजा शाह सडकमार्ग होत भैरहवा से सिमरा आईल रहलन ।

खुदे गाडी चलाके आईल पूर्वराजा शाह के सिमरास्थित प्रभु निवास मे उनकर समर्थक स्वागत कईले रहलन । परिवार सहित आईल पूर्वराजा शाह प्रभु निवास बाहर आपन समर्थक से भेट कईले रहलन ।

पूर्वराजा के स्वागत करे खातिर अनेकन जगहा से उनकर समर्थक सिमरा आईल रहलन । एकरा से पहिले उनकर एतवार के दिने सिमरा आवेके कार्जक्रम रहे । माकिर, मौसम के चलते भैरहवा विमानस्थल दिनभर ना खुलला के बाद सिमरा यात्रा स्थगित भईल रहे ।

पूर्वराजा शाह के स्वागत करे खातिर एतवार के दिन से हि हजारो के संख्या मे रहल समर्थक विमानस्थल पुगल रहलन । माकिर, उनकर सिमरा आवेके कार्जक्रम स्थगित भईला के बाद उनकर समर्थक निराश होत फिर्ता गईल रहलन ।

पूर्वराजा शाह बारा आ पर्सा मे होखेवाला अनेकन कार्जक्रम मे सहभागी होखेके बतावल गईल बा । उनकर कार्जक्रम के विषय मे आधिकारिक जानकारी ना करावल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।