लेखापढी कानुन व्यवसायी एशोसिएसन बारा के कार्य समिति सर्वसहमति से पुरा भईल

लेखापढी कानुन व्यवसायी एशोसिएसन बारा के कार्य समिति सर्वसहमति से पुरा भईल

प्रभु यादव

बारा २३ पुस

नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एशोसिएसन बारा के जिल्ला कार्य समिति ९ वाँ महाधिवेशन से सर्वसहमती चयन भईल बा ।

एवार के दिन दुसरा बेर अध्यक्ष मे बृज किशोर प्रसाद यादव उर्फ भगत जी सर्वसहमत चयन भईल रहनी । ९ वाँ अधिवेशन के शनिचर के दिन उदघाटन सत्र समाप्त भईला वाद बन्द सत्र सुरू भईला रहे । सभे सदस्य लोग के विचार आ छलफल भईला पर सर्वसहमती से एतवार के दिन अध्यक्ष मे यादव सहित ६ पद मे छनौट भईल रहल रहे ।

उपाध्यक्ष मे शिवपुजन ठाकुर, सचिव मे दिनेश प्रसाद पटेल, सह–सचिव मे बिनोद कर्ण, कोषाध्यक्ष मे प्रमानन्द प्रसाद पटेल आ सह–कोषाध्यक्ष मे दिनेश कुमार मण्डल सर्वसहमती से चयन भईल रहनी । सोमवार के विहनिया ९ बजे सभे सदस्य लोग के सहभागिता मे सर्वसहमत से कानुन व्यवसायी एशोसिएसन के अपने भवन के सभा हल मे भईल बन्द सत्र से कार्य समिति सदस्य लोग के चयन भईल बा ।

सदस्य पद मे केशव प्रसाद यादव, सुनिता कोइराला, उपेन्द्र पसवान, नरेन्द्र तिवारी, रामनिवास ठाकुर, राम नरेश साह कानु आ लक्ष्मन प्रसाद यादव सर्बसहमत से चयन भईल बानी ।

एशोसिएसन के सभे कार्य समिति के पदधिकारी लोग सर्वसहमत से चयन होकर के पूरा भईल अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।