पर्सा से १६८ किलो गाँजा पकडाईल
पर्सा से १६८ किलो गाँजा पकडाईल

वीरगंज २४ पुस
सशस्त्र प्रहरी बल पर्सा १६८ किलो गाँजा पकडले बा । सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक किशन कर्माचार्य के मुताविक विशेष सूचना के आधार मे प्रस्तावित सीमा सुरक्षा गुल्म भिखमपुर के टोली वीरगंज से ठोरी ओरी जा रहल बा.११ च ९६८६ नम्बर के पिकअप गाडी के चेक कईला पर १६८ किलो गाँजा पकडाईल बा ।
पिकअप मे फल्स बटम बनाके गाँजा लुकाके राखल अवस्था मे १६ पोका मिलल रहे । १६ गो पोका भितर १६८ किलो गाँजा रहे । गाडी से ७८ हजार ५ सय रोपेया भी बरामद भईल रहे । डाईबर, खसाली, पिकअप गाडी आ रोपेया आउर अनुसन्धान के खातिर नेपाल पुलीस के जिम्मा लगावल सशस्त्र प्रहरी बल जनवले बा ।






