एसईई चईत पहिलका हप्ता, सभी विषय मे ३५ लिअईला पर मात्र पास
एसईई चईत पहिलका हप्ता, सभी विषय मे ३५ लिअईला पर मात्र पास

काठमाण्डु २५ पुस
ई बरीस के माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) चईत पहिलका हप्ता सञ्चालन होखेके जनावल गईल बा । शिक्षा पत्रकार सञ्जाल (इजोन) से आयोजना कईल कार्जक्रम मे बोर्ड के अध्यक्ष महाश्रम शर्मा वार्षिक क्यालेन्डर मुताविक हि चईत के पहिलका हप्ता परीक्षा होखेके बतवनी ।
‘ई बरीस के एसईई क्यालेन्डर मुताविक हि चईत के पहिलका हप्ता होखी । माघ के पहिलका हप्ता रुटिन निकालल जाई’, उ कहनी । संसद मे छलफल के समय मे रहल विद्यालय शिक्षा विधेयक मे भईल एसईई सम्बन्धी व्यवस्था अभी लागू ना होखेके कहत शर्मा अन्योल मे ना परे खातिर निहोरा कईनी ।
‘शिक्षा विधेयक मे १० किलास के परीक्षा उल्लेख ना भईला से बहुते बात आईल बा, एसईई होखी । परीक्षा, नतिजा के क्यालेन्डर निकलले बा । क्यालेन्डर मुताविक एसईई होखी’, उ कहनी ।
अध्यक्ष शर्मा भूकम्प प्रभावित जाजरकोट आ रुकुम पश्चिम मे पठनपाठन सञ्चालन हो रहला से एसईई प्रभावित ना होखेके उ बतवनी ।
‘जाजरकोट आ रुकुम पश्चिम के पालिकासब मे परीक्षा संचालन आ परीक्षा केन्द्र राखे खातिर उपयुक्त बा नईखे कहके प्रअ से भेट भईल । पढाइ हो रहल आ सञ्चालन के खातिर केन्द्र सञ्चालन करे खातिर अल्टरनेट कईल जा सकता’, उ कहनी ।
जाजरकोट आ रुकुम पश्चिमम मे लगेके दोसर विद्यालय मे केन्द्र सञ्चालन करे सकेके कहत अध्यक्ष शर्मा परीक्षा एके मिति मे होखेके बतवनी । भूकम्प के समय विद्यार्थी के किताब भुलईला पर भी पुस्तक पठावल गईल उनकर कहनाम बा ।
ई बरीस से सभी विषय मे ३५ प्रतिशत लियावे के प्रावधान राखल गईल परीक्षा नियन्त्रक नन्दलाल पौडेल बतवनी । ‘ई बरीस नयाँ पाठ्यक्रम मुताविक परीक्षा होत बा । कुछ विषय के पुराना मुताविक होखी । नन ग्रेडिङ लागू होत बा । ३५ प्रतिशत सभी विषय मे लियावेके भईल’, उ कहनी ।
एकरा से पहिले ग्रेडिङ सिस्टम रहे । अब ग्रेडिङ ना होखेके भईल बा । अभी तक एसईई के खातिर रजिस्ट्रेसन फारम भरेवाला विद्यार्थी के संख्या चार लाख ८९ हजार ४४४ जने रहल कार्यालय जनवले बा ।






