मेयर सिंह उपर कारवाही के माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन
मेयर सिंह उपर कारवाही के माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज २५ पुस
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह विरुद्ध आजु वीरगंज मे प्रदर्शन भईल बा ।
मेयर सिंह नक्कली बाबु बनके रुबिना श्रेष्ठ नाम कईल युवती के नागरिकता दिलावल सन्दर्भ मे अनेकन सञ्चारमाध्यम मे समाचार अईला के बाद उनका विरुद्ध जुलुस सहित प्रदर्शन भईल बा ।
सचेत नागरिक समाज वीरगंज के आयोजना मे भईल प्रदर्शन मे मेयर सिंह बाबु बनके जारी कईल नागरिकता खारेज सँगे मेयर सिंह उपर कारबाही करेके माग सहित अनेकन नाराबाजी करत प्रदर्शन कईले रहलन । वीरगंज के घण्टाघर से निकालल उ जुलुस माईस्थान, महावीरस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा होत जिल्ला प्रशासन कार्यालय कार्यालय पर्सा मे पुगके १६ जने कारवाही खातिर उजुरी दर्ता करवले बाडन ।
उ प्रदर्शन मे जसपा के नेता मनोज राउत कुर्मी, जनमत पार्टी के केन्द्रिय सदस्य तथा जिल्ला सह–इन्चार्ज मुकेश द्विवेदी, नेता शशिकपुर मिया, जिल्ला अध्यक्ष ओमप्रकाश सरार्फ, नेपाली कांग्रेस के क्षेत्रिय सभापति महम्मद सहाबुदिन, नगर सदस्य सुलतान अन्सारी, नेकपा एमाले के मधेश प्रदेश सदस्य ल्याकत अली, राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के नेता राजेश पटेल, राप्रपा के जलेश्वर सर्राफ लगायत स्थानियवासी के सहभागिता रहल रहे ।






