भन्सार ना तिरके लियावल १६ लाख बराबर के कपडा पकडाईल

भन्सार ना तिरके लियावल १६ लाख बराबर के कपडा पकडाईल

वीरगंज २६ पुस

पर्सा पुलीस भन्सार ना तिरके अवैध रुप मे लियावल बहुते परिमाण के कपडा बरामद कईले बा ।

विशेष सूचना के आधार मे वीरगंज महानगरपालिका– १९, विन्दवासिनी निवासी नागेश्वर साह कलवार के ज्ञान सागर अंग्रेजी बोर्डिङ स्कुल के खाली तल्ला के बरण्डा मे राखल लत्ता कपडा बुध के दिने बरामद कईल पुलीस जनवले बा ।

पर्सा पुलीस के प्रवक्ता एवम् प्रहरी नायव उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा १६ लाख ६० हजार रोपेया बराबर के कपडासब बरामद कईल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक ५७६ थान (१७ हजार २८० मिटर) पुजा कपडा, लेडिज ब्रा एक हजार १५२ पिस, २० किलो अनेकन किसिम के लेडिज के नक्कली गरगहनासब, प्लाष्टिक के फुल ७ प्याकेट आ ४८ पिस रेडबुल बरामद भईल बा ।

सामानसब जरुरी कारवाही के खातिर राजस्व छली के वीरगंज भन्सार कार्यालय पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।