बचतकर्ता के १ अरब से बेसी रोपेया हिनामिना करेवाला सानो पाइला सहकारी मे लागल सिल

बचतकर्ता के १ अरब से बेसी रोपेया हिनामिना करेवाला सानो पाइला सहकारी मे लागल सिल

वीरगंज २६ पुस,

बचतकर्तालोग के १ अरब से बेसी निक्षेप रकम हिनामिना कईल सानो पाइला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के वीरगंज स्थित शाखा कार्यालय मे वीरगंज महानगरपालिका शिलबन्दी कईले बा । उ सहकारी के पाँच महिना पहिले हि समस्याग्रस्त सहकारी घोषणा करके सञ्चालकलोग के पकडे खातिर अनेकन निकाय मे पत्राचार कईल महानगरपालिका बियफे के दिने कार्यालय मे शिलबन्दी कईले बा ।

महानगर के मेयर राजेशमान सिंह के निर्देशन मे बियफे के दिने वार्ड अध्यक्ष जयप्रकाश अग्रवाल, जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रतिनिधि ब्रहमदेव प्रसाद यादव आ प्रहरी सहायक निरीक्षक राम ईश्वर महतो के रोहवर मे शिलबन्दी कईल महानगर के सहकारी, रोजगार तथा उद्यम प्रवद्र्धन शाखा प्रमुख सुनिल कुमार कर्ण बतवनी । बितल भादो ४ गते महानगरपालिका उ सहकारी के सञ्चालकलोग के पकडके कारबाही करे खातिर भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारण मन्त्रालय, नेपाल प्रहरी के केन्द्रीय अनुसन्धान ब्युरो(सिआइबी) आ नेपाल राष्ट्र बैंक के भादो ४ गते अलग अलग पत्रचार कईले रहे ।

तीन गो निकाय मे पठावल गईल पत्र मे उ सहकारी संस्था सहकारीजन्य ठगी के कसूर करके संस्था के सदस्यलोग बचत कईल करिब १ अरब रोपेया हिनामिना करके फिर्ता ना कईल देखल गईला से उ संस्था के समस्याग्रस्त संस्था घोषणा करके सहकारी के संस्थापक एंव संरक्षक गितेन्द्रबाबु (जिबी) राई, अध्यक्ष अनन्तबाबु राई, उपाध्यक्ष सुनित श्रेष्ठ, सचिव देवेन्द्रबाबु राई, कोषाध्यक्ष कुमार रम्तेल, सदस्य अशोक यादव, थानबहादुर बुढामगर आ धिरज दास, संस्था के व्यवस्थापक असरफ अली, पूर्व उपाध्यक्ष नेहा पौडेल, पूर्व सचिव तस्बिरन मियाँ, पुर्व कोषाध्यक्ष सृष्टि मानन्धर सहित १५ जने के पकडके अनुसन्धान करके कारबाही के खातिर सिफारिस कईल रहे ।

शाखा प्रमुख कर्ण के मुताविक सानो पाइला सहकारी सदस्यलोग बचत कईल निक्षेप रकम फिर्ता करे ना मानल कहत महानगरपालिका के सहकारी, रोजगार तथा उद्यम प्रवर्द्धन शाखा मे एक सय १५ से बेसी लिखित उजुरी परल बा । उ सभी उजुरी मे करके उ सहकारी १ अरब से बेसी रोपेया हिनामिना करके सदस्यलोग के फिर्ता ना कईल मिलल भी कर्ण जानकारी देहनी ।

काठमाण्डु के कालीमाटी मे केन्द्रीय कार्यालय रहल सानो पाइला सहकारी के वीरगंज स्थित शाखा कार्यालय मे एकरा से पहिले बितल असाढ १० गते बचतकर्ता सदस्यलोग प्रदर्शन करत धर्ना भी देहले रहलन । अभी उ कार्यालय बन्द बा । कार्यालय बाहर लगावल गईल संस्था के साइनबोर्ड भी हटावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।