परोहा मे कम्प्युटर तालिम उदघाटन

परोहा मे कम्प्युटर तालिम उदघाटन

मेवालाल यादव

रौतहट २७ पुस

लोकतान्त्रिक अपाङ्ग जिल्ला समन्वय समिति नेपाल के आयोजना तथा अबिलिस फाउन्डेसन के सहजोग मे आजु से अपाङ्गता भईल आदमीसब के खातिर ६ महिने कम्प्युटर तालिम सुरु भईल बा ।

परोहा नगरपालिका के उपमेयर सुगान्धी गिरी तालिम के उदघाटन करत हरेक क्षेत्र मे प्रविधि के जरुरत भईल समय मे घर मे रहके तालिम लेवेमे मिलल खुशी के बात भईल बतवनी । तालिम मे सिखल सीप के सही उपयोग करे खातिर निहोरा करत जनानी लक्षित तालिम के दुरुपयोग रोके खातिर सचेत होखेके समय आईल बतवनी ।

रौतहट जिल्ला के परोहा नगरपालिका –५ भेडियाही स्थित छाया नेपाल आधारभुत बिधालय मे अपाङ्गता भईल आदमीसब के खातिर ६ महिने कम्प्यूटर ताीलम मे प्रशिक्षार्थीलोगके पुरा समय देके तालिम लेवे खातिर सुझाव देहले रहनी ।

कार्जक्रम के बिशिस्ट अतिथि राजेश साह निःशुल्क देहल गईल तालिम कहला के बाद कम महत्व देवेके प्रवृत्ति के अन्त्य करेके निहोरा करत सरकारी मात्र ना होके निजी कम्पनी आ व्यवसाय करे खातिर भी प्रविधि के जरुरत अनिवार्य होखे लागला से सभी आदमी के प्रविधिमैत्री होखेके उनकर कहनाम रहे ।

तालिम मे रौतहट जिल्ला के अनेकन गाँव तथा सभी वार्ड से प्रशिक्षार्थी छानल गईल लोकतान्त्रिक अपाङ्ग जिल्ला समन्वय समिति नेपाल के अध्यक्ष ललन चौरसिया बतवनी । आधुनिक शिक्षा संगे कम्प्युटर शिक्षा भी महत्वपुर्ण भईल बतवनी । पिछिलका समय आधुनिक शिक्षा के बिकास भईला सँगे कम्प्युटर शिक्षा के महत्व भी ओतने रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।