वीरगंज मे सहकारी के बचतकर्ताद्वारा प्रदर्शन
वीरगंज मे सहकारी के बचतकर्ताद्वारा प्रदर्शन

वीरगंज २७ पुस
सानो पाइला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था के बचतकर्तालोग शुक के दिने वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
८ सय बचतकर्ता के करिब १ अरब ३५ करोड रोपेया हिनामिना कईल सहकारी सञ्चालक गीतेन्द्र बाबु राई (जीबी) लगायत के पकडके कारबाही के माग करत पीडित बचतकर्ता प्रदर्शन कईले बाडन । वीरगंज महानगरपालिका बियफे के दिने उ सहकारी के कार्यालय मे शिलबन्दी कईले रहे ।
शुक के दिने वीरगंज के टिबडेवाल धर्मशाला मे भेला भईल बचतकर्ता ‘बचतकर्ता के पईसा टेलिभिजन मे लगानी करे ना मिली, लईकालईकी के शिक्षा के खातिर बचत कईल पईसा फिर्ता कर, सञ्चालक के तत्काल पकड, सांसदलोग मौन काहे,’ लगायत के नारा लिखल प्लेकार्ड लेके घन्टाघरतक विरोध जुलुस निकलले रहलन ।
सानो पाइला सहकारी पीडित संघर्ष समिति के संयोजक सुशील अग्रवाल फरार भईल सहकारी सञ्चालक के जीबी राई सहित के पकडके कारबाही के माग राखत माघ २ मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापनपत्र बुझावेके बतवनी ।
जिल्ला से प्रतिनिधत्व कईल प्रदेशसभा सदस्य आ प्रतिनिधिसभा सदस्यलोग के सामूहिक रुप मे भेट करके दबाब देवेके योजना भी रहल उ बतवनी ।






