पर्सा मे कोरोना सङ्क्रमित मिलला के बाद निगरानी बढावल गईल

पर्सा मे कोरोना सङ्क्रमित मिलला के बाद निगरानी बढावल गईल

वीरगंज ०१ माघ

कोरोना के नयाँ सङ्क्रमित मिलला के बाद भारत से सीमा जोडल पर्सा के वीरगंज स्थित नाका मे स्वास्थ्य सतर्कता बढावल गईल बा ।

भारत के अनेकन जगहा मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या बढत गईला के साथे कुछ दिन पहिले वीरगंज स्थित सीमानाका मे नयाँ सङ्क्रमित मिलला के बाद स्वास्थ्य सतर्कता बढावल गईल बा ।

सीमानाका मे स्वास्थ्य सहायताकक्ष स्थापना करके भारत से आवेवाला के निरीक्षण आ निगरानी होखे लागल बा । भारत से रेल, बस आ निजी सवारी साधन मे आवेवाला यात्रु के स्वास्थ्य सहायताकक्ष मे एन्टिजेन विधि से कोरोना परीक्षण करके आवे देहल कईल वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक अनिल यादव जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक महानगर से सञ्चालन कईल हेल्थ डेस्क मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी भारत से यात्रा करके आवेवाला के सुरु मे स्क्रिनिङ करके बोखार भा खोकी के लक्षण देखल गईल के एन्टिजेन परीक्षण कईल जा रहल बा ।

संयोजक यादव बितल पुस १ गते से सञ्चालित उ हेल्थ डेस्क मे अभी तक पाँच हजार दु सय पाँच जने के स्क्रिनिङ कईल जानकारी देहनी । जउना मेसे दु सय मे एन्टिजेन परीक्षण कईला पर बितल बुध के दिने दु भारतीय आ एक जने नेपाली मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल उ बतवनी ।

भारत से आवेवाला सभी के स्वास्थ्य जाँच करे खातिर सम्भव ना भईला से रेल, बस भा निजी सवारी मे आवेवाला के स्क्रिनिङ कईल जा रहल आ उ मेसे शङ्कास्पद आदमी के मात्र एन्टिजेन परीक्षण कईल यादव के कहनाम बा । एन्टिजेन परीक्षण मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल के होम आइसोलेसन मे पठावल जा रहल बतवनी ।

हेल्थ डेस्क मे अभी दु जने स्टाप नर्स, तीन हेल्थ असिस्टेन्ट, दु ल्याब टेक्निसियन आ एक ल्याब असिस्टेन्ट करके आठ जने स्वास्थ्यकर्मी परिचालन कईल महानगर के स्वास्थ्य शाखा जनवले बा । पिछिलका कुछ समय एने भारत के गोवा, महाराष्ट्र, कर्नाटक, तेलागन लगायत राज्य मे फेनु कोरोना सङ्क्रमण फईले लागला के बाद भारतीय सीमा से जुडल क्षेत्र मे स्वास्थ्य सतर्कता बढावल गईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

होल्डिङ सेन्टर तईयारी अवस्था मे

वीरगंज स्थित सीमानाका मे स्थापना कईल होल्डिङ सेन्टर तईयारी अवस्था मे राखल बा । कोभिड–१९ के पहिलका लहर फईलला के बाद सरकार के विसं २०७८ वैशाख ५ गते मन्त्रिपरिषद् के निर्णय मुताविक कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण के उद्देश्य के साथ इहाँस्थित सीमानाका मे होल्डिङ सेन्टर निर्माण कईल रहे ।

निर्माण कईल होल्डिङ सेन्टर तईयारी अवस्था मे राखल वीरगंज महानगर के स्वास्थ्य शाखा संयोजक यादव जानकारी देहनी । कोरोना के पहिलका तथा दुसरका लहर मे क्वारेन्टिन कमी के चलते विद्यालय आ कलेज के क्वारेन्टिन बनावल गईल कहत आलोचना भईला के बाद निर्माण कईल होल्डिङ सेन्टर के अभी नेपाली सेना सुरक्षा देके राखल उनकर कहनाम रहे ।

भारत से आईललोग के क्वारेन्टिन मे राखे खातिर पर्सा मे करिब रु २८ करोड के लागत मे कूल ६० भवन निर्माण कईल यादव जानकारी देहनी । उनका मुताविक उ भवन मे १३ भान्सा घर आ २२ गो सिपटी बनावल गईल बा ।

उ क्वारेन्टिन मे एक हजार शय्या बा । जउना मेसे ९ सय मे सामान्य लक्षण भईल के आ एक सय शय्या मे जटिल अवस्था के मरेजी के राखल जाई । एहितरे, आउर तीन गो एसि सहित के भवन अनुगमन करे आवेवाला सरकारी प्रतिनिधि के खातिर निर्माण कईल संयोजक यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।