मधेस मे कृषि आधुनिकीकरण आ औद्योगिककरण ना होखे तक विकास असम्भव : यादव

मधेस मे कृषि आधुनिकीकरण आ औद्योगिककरण ना होखे तक विकास असम्भव: यादव

प्रभु यादव

बारा ०४ माघ

जनता समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव मधेस मे कृषि आधुनिकीकरण आ औद्योगिककरण ना होखे तक विकास सम्भव ना भईल बतवले बाडन ।

बारा के करैयामाई गाँवपालिका–८ इटहर बेलाही मे मधेस प्रदेश सरकार से बनल तियर पुल के बियफे के दिने उदघाटन करत उ अईसन बतवले बाडन । बारा प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ के प्रतिनिधिसभा सदस्य भी रहल यादव मधेसी आ मधेस उपर अभी भी विभेद रहला से ओकरा खातिर संघर्ष करेके जरुरत रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज यादव मधेस मे आवेवाला चईत भितर मे ३२० किमि पक्की सडक निर्माण होखेके बतवनी । उ संघीयता के बाद हि मधेस मे विकास हो रहल बतवनी । जनकपुर चुरोट कारखाना, वीरगंज चिनी कारखाना लगायत सभी बडका उद्योग संघीयता से पहिले हि तत्कालीन सरकार ठप्प बना देहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।