पूर्व राजा ज्ञानेन्द्र गढ़ीमाई मन्दिर मे पूजापाठ कईनी
पूर्व राजा ज्ञानेन्द्र गढ़ीमाई मन्दिर मे पूजापाठ कईनी

बारा ०४ माघ
बारा के गढ़ीमाई मन्दिर मे पूजा करे आईल पुर्व राजा ज्ञानेन्द्र के स्थानीयलोग भव्य स्वागत कईले बाडन ।
मधेश प्रदेश के बारा, पर्सा, रौतहट एवं सर्लाही के धार्मिक भ्रमण मे रहल पूर्व राजा ज्ञानेन्द्र वियफे के दिने गढ़ीमाई मन्दिर मे पूजा करे गईला पर पूर्व राजा के स्वागत तथा नागरिक अभिनन्दन मूल समारोह समिति, बारा के अगुवाई मे राष्ट्रिय झण्डा सहित आईल स्थानीयलोग भव्य स्वागत कईले रहलन ।
मधेश प्रदेश के अनेकन जिल्ला मे सर्वसाधारण नागरिक से भेटघाट एवं धार्मिक भ्रमण के खातिर पुस २३ गते सिमरा अइला के बाद पुस २९ गते सर्लाही के बरहथवास्थित मुक्तेश्वर महादेव मन्दिर, माघ २ गते रौतहट के शिवनगर स्थित शिव मन्दिर के बाद बियफे के दिने बारा के गढ़ीमाई मन्दिर मे पूजा कईले बाडन । उ अवसर मे स्थानीयलोग “राजा आउ देश बचाऊ, हमनी के राजा हमनी के देश प्राण से प्यारा बानी” लगायत के नारा लगावत स्वागत कईले रहलन ।
पूर्व राजा ज्ञानेन्द्र के स्वागत के खातिर गढ़ीमाई मन्दिर क्षेत्र मे लगावल तस्वीर सहित बैनर बारा प्रशासन हटावल स्वागत तथा नागरिक अभिनन्दन मूल समारोह समिति के प्रचार प्रसार विभाग प्रमुख मानव सेवक बतवनी । प्रशासन बैनर हटईला पर भी शान्ति सुरक्षा एवं भीड़ व्यवस्थापन मे बारा पुलीस सहजोग कईल मानव सेव बतवले बानी ।






