चुरे जोगावे खातिर जसपा संघर्ष करे खातिर तईयार बा ः अध्यक्ष यादव

चुरे जोगावे खातिर जसपा संघर्ष करे खातिर तईयार बा ः अध्यक्ष यादव

 

वीरगंज ०५ माघ

जनता समाजवादी पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव मधेश आन्दोलन केवल सत्ता प्राप्ति के खातिरमात्र ना भईल दाबी कईले बानी ।

मधेश प्रदेश सरकार के मधेशी सहिद प्रतिष्ठान से आजु वीरगंज के नगरसभागृह मे भईल बलिदानी दिवस कार्जक्रम मे यादव, ‘ई देश मे राणा, राजा के हटावे से गणतन्त्र लियावे तक के आन्दोलनसब भईल । माकिर उ आन्दोलन केवल सत्ता प्राप्ति के खातिर मात्र रहे । कुछ अधिकार भी मिलल । माकिर मधेस आन्दोलन से सत्ता मात्र ना राजनीतिक प्रणाली हि परिवर्तन कईलख । उ चलते मधेस आन्दोलन युगान्तकारी आन्दोलन रहे ।’

मधेस आन्दोलन के चलते देश संघीयता आ समावेशीता मिलल जिकिर करत अध्यक्ष यादव मधेसी उपर भईल विभेद आ अपमानित जीवन जिएके विवसता के अन्त्य आ बराबरी के हक प्राप्ति के खातिर मधेस आन्दोलन भईल बतवनी ।

नेपाल मे बहुदल आईल से एनेके ३४ बरीस मे देश मे भ्रष्टचारतन्त्र, कमिशनतन्त्र आ कुशासन चरम सीमा मे पुगल कहत यादव शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र के व्यापारिकण आ माफियाकरण कईल बतवनी । देश के कृषि क्षेत्र आ उद्योग कारखाना भी धराशायी बनावल आरोप लगावत यादव कहनी, ‘ई सभी सुधार ना कईला पर देश बर्बाद होखेके निश्चित बा ।’

उ तराई–मधेस के लाइफलाइन चुरे क्षेत्र के बढल दोहन से तराई–मधेश मरुभूमी मे परिणत होखेके खतरा रहल बतवनी । ‘चुरे के दोहन से मधेस के भू–जल के सतह आउर निचे पुगत जा रहल बा । पानी के स्रोतसब सुख रहल बा ।’ कहत यादव, ‘जदि चुरे के दोहन रोकके चुरे के संरक्षण ना कईला पर पूरा तराई–मधेस मरुभूमीकरण होखेके निश्चित बा ।’ चुरे के दोहन ना रोकला पर मधेस मात्र ना होके देश हि बर्बाद होखेके उनकर कहनाम रहे । ओकरा चलते चुरे के जोगावे खातिर जसपा संघर्ष करे खातिर तईयार रहल उ बतवनी ।

सहिद परिवार के जनही ३ लाख, घायललोग कईलें विरोध

मधेश प्रदेश सरकार मधेस आन्दोलन के ६३ जने सहिद के परिवार के जनही ३ लाख रोपेया वितरण कईले बा । कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जनता समाजवादी पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव सहिद परिवार के ३÷३ लाख रोपेया के चेक हस्तान्तरण कईनी ।

कार्जक्रम मे मधेस सरकार मधेस आन्दोलन के घायल १३० जने के भी उलोग के शारीरिक अवस्था देखके १ से २ लाख रोपेया देहले बा । एकरा अलावा सहिद परिवार आ घायल के १÷१ थान कम्बल आ यातायात खर्च बापत जनही ४ हजार रोपेया भी देहल गईल रहे ।

कार्जक्रम मे मधेस आन्दोलन के कुछ घायलोग प्रदेश सरकार हमनीसब के विभेद कईल कहत नारबाजी भी कईले रहलन । मधेसी सहिद प्रतिष्ठान से तईयार कईल घायललोग के सूची मे हमनीसब के नाम छुटाके विभेद कईल कहत उलोग कार्जक्रम के मञ्च मे पुगके विरोध जनवनी ।

दुसरका मधेस आन्दोलन मे गोड मे गोली लागके घायल भईल पर्सा के कालीकामाई गाँवपालिका–१ मुडली के दिनेश साह कानु मधेस सरकार खुद लगायत दर्जनो घायललोग के विभेद कईल बतवनी । आन्दोलन मे गोली लागके घायल होके कष्टकर जीवन यापन कर रहला पर भी मधेस सरकार घायललोग के सूची मे हमनीसब के नाम हि समावेश ना कईल कहत उ आक्रोश जनवले रहनी ।

कानू लगायत के घायललोग विरोध जनावत आक्रोश जनईला के बाद मुख्यमन्त्री सरोजकुमार राय यादव घायल के सूची मे छुटललोग के माग प्रदेश सरकार से सम्बोधन करेके आश्वासन देहनी । मुख्यमन्त्री यादव मधेस आन्दोलन के सहिद आ घायल से देहल बलिदानी के सम्मान के खातिर प्रदेश सरकार से हरेक बरीस बलिदानी दिवस मे आर्थिक सहजोग करत आईल बतवनी ।

प्रदेशका गृह सञ्चार तथा कानून मन्त्री महम्मद समिम के अध्यक्षता मे भईल बलिदानी दिवस कार्जक्रम के संघीय सरकार के पूर्व वन तथा वातावरणमन्त्री प्रदीप यादव, प्रदेश के पूर्व मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत, अर्थमन्त्री सञ्जय यादव, खेलकूदमन्त्री सुनिता साह, उद्योग तथा पर्यटनमन्त्री सुनिता यादव, ऊर्जा सिंचाई तथा खानेपानीमन्त्री सिंहासन साह क्लबार, वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह, प्रदेशसभा सदस्यलोग जनाद्र्धन सिंह छेत्री, श्याम पटेल, प्रमोद जयसवाल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।