राम मन्दिर उदघाटन के अवसर मे हिन्दु स्वयंसेवक संघ निकललख मोटरसाईकल जुलुस

राम मन्दिर उदघाटन के अवसर मे हिन्दु स्वयंसेवक संघ निकललख मोटरसाईकल जुलुस

वीरगंज ०६ माघ

हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्सा शनिचर के दिने वीरगंज मे भव्य रुप मे मोटरसाईकल जुलुस निकलले बा ।

माघ ८ गते सोमार के दिन भारत के अयोध्या मे नवनिर्मित भगवान श्री राम के मन्दिर उदघाटन के अवसर मे भब्य रुप मे मनावे खातिर उ जुलुस निकालल गईल बा । जनजन मे उत्साह के खातिर आ भव्य मन्दिर निर्माण के संदेश प्रवाह के खातिर मोटरसाईकल जुलुस निकालल संघ के जिल्ला कार्यवाह कृष्णा चौरसिया जानकारी देहनी ।

बीरगंज से सुरु भईल मोटरसाईकल जुलुस माइस्थान घण्टाघर, बसपार्क, छपकैया बाइपास होत परवानीपुर, लिपनी, पटेलनगर, रामपुर, मुसहरी, ताजपुर, सुखचैना, कोइरियटोला, लालपर्सा, चैनपुर होत अनेकन गाँवपालिका, नगरपालिका लगायत के क्षेत्र मे नगर परिक्रमा कईले रहे । जुलुस मे करिब २५० से बेसी मोटरसाईकल सहित सनातनी युवालोग के सहभागिता रहल रहे । हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्सा के स्वंमसेवक कृष्ण साह के नेतृत्व मे कार्जक्रम भईल संघ के जिल्ला कार्यवाह कृष्ण चौरसिया बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।