देश मे आर्थिक संकट चल रहला से जरुरी काम कईल जारहल बा : अर्थ मन्त्री महत

देश मे आर्थिक संकट चल रहला से जरुरी काम कईल जारहल बा : अर्थ मन्त्री महत

प्रभु यादव

बारा ०८ माघ

देश मे आर्थिक संकट चल रहला से बहुते जरुरी रहल काम कईल जारहल संघिय सरकार के अर्थ मन्त्री डाक्टर प्रकाश शरण महत बतावले बानी ।

बारा के महागढीमाई नगरपालिका के प्रशासकीय भवन के उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी अर्थमन्त्री महत सम्बोधन करत अईसन बतावले बानी । पईसा ना भईल योजना के कहके ओझेल मे लोग पारदेहल जवना से विकास के काम मे बोलल बात नापुगल मन्त्री महत बतावले बानी । संघिय सरकार से अधिक बजेट प्रदेश आ स्थानिय तह मे पेठावल जाला मन्त्री बतावले बानी ।

जय श्रीराम के नारा लगाा के सम्बोधन सुरू करत राम सब के साझा भगवान हउवन अयोध्या के मन्दिर सभेके धरोहर हवे नेपाल भारत अलग–अलग देश बा माकिर दुनु के संस्कृति एके भईल मन्त्री बतावले बानी । भान्सार खुलावेला नेपाल के खोल देहला से ना होई भारत के भि खोलेला सहमती होखेके परी जवना खातिर सहकार्य कईल जारहल मन्त्री महत जनकारी करावले बानी ।

निजगढ विमान स्थल भारत से बनावे खातिर प्रयास कईल जारहल मन्त्री बतावले बानी । बारा जिल्ला कृषि मे उर्वक रहल बा पानी के समस्या रहल जवना खातिर कोशी से पानी लियाके रौतहट बारा मे सिचाइ करावे के योजना बनावे के मन्त्री बतावले बानी । बारा मे रहल स्थानिय नदि से गण्डक नहर मे पानी गिरा के सिचाइ करा सकल जाता जवना के अनुगमन कईल मन्त्री जनकारी देहनी । बारा जिल्ला कृषि मात्र ना उतरी क्षेत्र सिमरा करिडोर मे औद्योगिक क्षेत्र रहल बतावले बानी । मधेश प्रदेश के पर्यटन विकास के खातिर राजविराज के छिनमस्ता मन्दिर आ बारा के गढीमाई मन्दिर मे विकास खातिर संघिय बजेट छुटयावल गईल मन्त्री महत बतावले बानी । तराई के विकास मे बारा के विकास जेतना होखेके चाहिँ ओतना होखे ना सकल मन्त्री बतावले बानी । नगरपालिका के भवन जेतना बडका बनल बा ओतनही अधिक जनता के काम होखे के आपन विश्वास रहल मन्त्री महत जनकारी करावले रहनी ।

महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र प्रसाद यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काग्रेस के केन्द्रीय सदस्य एवम पर्सा क्षेत्र नम्वर २ के प्रतिनिधि सभा सदस्य अजय चौरसिया, नेपाली काग्रेस के मधेश प्रदेश उपसभापति चन्द्रशेखर यादव बारा पर्सा के विकास पछाडी पडल बा ओकरा ओर जोड देवेके मन्त्री महत के ध्यान दियावले रहल रहे ।

महागढीमाई नगरपालिका के नियमित प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत विजय कुशवाहा के स्वागत आ लक्ष्मी खरेल के सञ्चालन रहल कार्जक्रम मे नगरपालिका, गाँवपालिका के अध्यक्ष नेपाली काग्रेस के जिल्ला कार्य समिति, क्षेत्रिय समिति के लोग साथे पालिका कार्य समिति बरियापुरबासी के उल्लेख सहभागिता रहल रहे । नवनिर्मित प्रशासकिय भवन ३ करोड ७४ लाख से अधिक के लागत मे ३० कोठा दु सभा हल भईल कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल रहल रहे । बिबिएस पढेवाला ६ जने के दु लाख के जनही सहयोग चेक मार्फ कार्जक्रम मे देहल गईल रहल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।