पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे हाथी आ बाघ के आतंक
पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे हाथी आ बाघ के आतंक

वीरगंज ११ माघ
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ भाथा टोल मे जंगली हाथी आतंक मचवले बा ।
बुध के रात जंगल से गाँव घुसल हाथी भाथा टोल मे स्थानीय के घर आ मन्दिर मे आक्रमण करके नोक्सानी भी पुगवले बा । हाथी से स्थानीय श्याम सुन्दर महतो के कच्ची घर, वार्ड नम्बर ३ निवासी ध्रुब सहनी के घर, रमेश चौधरी के फुस के घर, सहदेव चौधरी के ब्लक के घर आ रामपुर मे रहल रामजानकी मन्दिर मे आक्रमण करके भस्कावल ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामराजा केशरी जानकारी देहनी ।
रात सुत रहल समय मे अचानक रास्ता भुलाके जंगल से आईल हाथि घर भसकावल उनकर कहनाम बा । पुलीस निरीक्षक केशरी के मुताविक हाथि धान, चाउर भी खईले बा ।
बुध के रात हि पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ खजुरियास्थित बुधन यादव के गाइगोठ मे बाघ आक्रमण कईले बा । आक्रमण मे एगो गाई गम्भिर घायल भईल पुलीस निरीक्षक केशरी बतवनी । स्थानीय होहल्ला कईला के बाद आगी बारके बाघ के भगावल पुलीस जनवले बा ।