आरम्भ परियोजना से ९ हजार किशोरी लाभान्वित
आरम्भ परियोजना से ९ हजार किशोरी लाभान्वित

बारा १४ माघ
मधेश प्रदेश के विद्यालय बाहर रहल किशोरीलोग के गणितीय शिक्षा मे पहुँच आ साक्षरता वृद्धि करे खातिर सञ्चालित आरम्भ परियोजना से बारा आ रौतहट के ९ हजार से बेसी किशोरीलोग लाभान्वित भईल बाडन । परियोजना बितल ५ बरीस के समय मे दु जिल्ला के ९ हजार ४ सय ९७ जने किशोरी आ उनकर परिवार के सदस्यलोग लाभान्वित भईल दाबी कईले बा । एतवार के दिने कलैया मे भईल परियोजना के सिकाई आदान प्रदान तथा समापन कार्जक्रम मे अईसन तथ्यांक प्रस्तुत कईल बा ।
परियोजना के तथ्यांक अधिकृत बिन्दु गुरुङ्ग परियोजना से रौतहट आ बारा के २२ पालिका मे ९ हजार ४ सय ९७ जने किशोरी तथा ओकर परिवार के सदस्यलोग के सहजोग कईल बतवनी । उनका मुताविक मधेश मे विद्यालय बाहर रहल किशोरीलोग मे गणितीय शिक्षा मे पहुँच आ साक्षरता वृद्धि के साथे जीवन उपयोगी सीप के विकास करे खातिर परियोजना सन् २०१८ से काम करत आईल बा । परियोजना विद्यालय बाहर रहल किशोरीलोग के संज्ञात्मक तथा असंज्ञात्मक सीपसब विकास करेके आ भविष्य के खातिर जीवन योजना बनावेके, विद्यार्थी के विद्यालय मे सिखे खातिर अनुकुल वातावरण सिर्जना करेके, विवाहित आ विद्यालय बाहर रहल किशोरीलोग के खातिर भावी योजना बनावे खातिर भी सहजोग कईले बा । उमिर पुगके मात्र वियाह करेके, समुदाय आ सम्बन्धित निकाय के सकारात्मक सामाजिक मान्यता के खातिर प्रोत्साहन करेके आ विवाहित, विद्यालय छोडल किशोरीलोग के भावी योजना के खातिर बोध करावेके काम भी परियोजना से कईल उनकर दाबी बा । गुरुङ्ग पिपुल इन निड, गर्ल्स एजुकेशन च्यालेंज, युकेएड लगायत के संस्थासब के लगानी तथा स्थानीय पालिकासब सँगे के समन्वय मे ई परियोजना सन्चालन कईल बतवनी ।
परियोजना से गाँवपालिका आ नगरपालिकासब सँगे के साझेदारी मे १० से १९ बरीस उमिर समूह के विद्यालय बाहर रहल किशोरीलोग के पहिचान करके १० महिने अनौपचारिक किलास भी सन्चालन कईले रहे ।






