सामाजिक सद्भाव बिगाडे के खोजेवाला उपर कारबाही के माग
सामाजिक सद्भाव बिगाडे के खोजेवाला उपर कारबाही के माग

वीरगंज १५ माघ
पर्सा के मुस्लिम समुदाय धार्मिक सहिष्णुता तथा सामाजिक सद्भाव बिथोलेवाला तत्व के पहिचान करके कारवाही करे खातिर माग कईले बा । पर्सा के मुस्लिम समुदाय सोमार के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भूषाल मार्फत गृहमन्त्री के ज्ञापन पत्र बुझवले बाडन ।
परापूर्व समय से शान्तीपूर्वक मिलके रहत आईल हिन्दु आ मुस्लिम समुदाय बीच आपसी द्वन्द्व फईलावेके आ सामाजिक सद्भाव बिथोलेवाला कुछ तत्वसब सामाजिक सञ्जाल मे सक्रिय भईल ज्ञापन पत्र मे उल्लेख बा ।
कुछ दिन से धार्मिक जुलुश निकालेके समय मे उच्छृङ्खल गतिविधि करेके, मुस्लिम टोल तथा मस्जिद, मदर्सा तथा कब्रस्तानसब मे जुत्ता चप्पल पहिन के घुसेके, धाक धम्की देवेके जईसन कामसब भईल कहत ज्ञापन पत्रमार्फत आपत्ती जनावल गईल बा ।
धार्मिक सहिष्णुता आ भाइचारा मे खलल पुगेवाला काम करेवाला आदमी उपर कारवाही करे खातिर ज्ञापन पत्रमार्फत मुस्लिम समुदाय ध्यानाकर्षण करवले बा । सामाजिक सञ्जाल फेसबुक मार्फत भ्रम फईलावेवाला तथा धार्मिक द्वन्द्व भड्कावेवाला के पहिचान करके कारवाही करेके ज्ञापन पत्रमार्फत माग कईल बा ।
साथे उलोग जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे उजुरी दर्ता भी करवले बाडन । ज्ञापन पत्र बुझावेमे जफर अंसारी, मेहबुब अलि, अब्बास मंसुरी, आबिद हुसेन, मौलाना अलि असगर मदनी, जालिम मिया, मौफाना गुलामे मुस्तफा, हाजी ग्यासोदीन ठकुराइ, रेहाज अहमद, फैयाज अहमद, कारी अतिउल्लाह, खुशमहम्मद मियाँ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





