ईन्दु लाखे आधारभूत विद्यालय के दु सय विद्यार्थी के कपडा बाँटल गईल
ईन्दु लाखे आधारभूत विद्यालय के दु सय विद्यार्थी के कपडा बाँटल गईल

वीरगंज १५ माघ
वीरगंज के एक सामुदायिक विद्यालय मे पढेवाला दु सय जने लईकालईकी के गर्मी देवेवाला कपडा बाँटल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ७ मे रहल माईस्थान बालविद्या मन्दिर ईन्दु लाखे आधारभूत विद्यालय के दु सय जने लईकालर्ईकी के उपकार सेवा नेपाल आ शिवशक्ति घ्यू उद्योग संयुक्त रुप मे गर्मी देवेवाला कपडा बँटले बा । सोमार के दिने विद्यालय मे पुग के दुनु संस्था के प्रतिनिधिलोग विद्यार्थीसब के स्विटर, टोपी एक एक थान के साथे १० जे के जुत्ता देहल गईल सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु बतवनी ।
उ अवसर मे उपकार सेवा नेपाल के अध्यक्ष बिद्या कुमारी सरावगी, सदस्यलोग सुमन बगेडिया आ अङ्गकुर शर्मा, शिवशक्ति घ्यु उद्योग के लेखा प्रमुख ललित कुमार शर्मा, प्रसाशकीय अधिकृत प्रमोद कुमार पटेल, समाजसेवी अशोक कुशवाहा, प्रधानाध्यापक रामाधार साह, विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष सुदेश लाखे, सदस्य नरोत्तम पाण्डे, बबिता अधिकारी, उमेश गुप्ता लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






