लोकतन्त्र के बँचावल हरेक नागरिक के दायित्व : मन्त्री रिजाल

लोकतन्त्र के बँचावल हरेक नागरिक के दायित्व : मन्त्री रिजाल

वीरगंज १६ माघ

पर्सा आ बारा जिल्ला मे अनेकन कार्जक्रम के साथ मंगर के दिने शहीद दिवस मनावल गईल बा । इतिहास के अनेकन कालखण्ड मे प्रजातन्त्र, राष्ट्र आ स्वतन्त्रता सहित जनता के पक्ष मे भईल आन्दोलन मे मृत्युवरण कईल वीर सपुतलोग के सम्मान मे साताव्यापी कार्जक्रम करके शहीद दिवस मनावल गईल बा ।

देश आ नागरिक के हित आ अधिकार के खातिर जीवन त्याग कईल शहीद के सम्झना करके हरेक बरीस माघ १६ मे अनेकन कार्जक्रम करके शहीद दिवस मनावल जाला ।

इहे क्रम मे नेपाली कांग्रेस वीरगंज मे रहल शहीदलोग के शालिक मे माल्यार्पण कार्जक्रम करके शहीद दिवस मनवले बा । वीरगंज के गण्डक चोक मे रहल शहीद तेजबहादुर अमात्य आ नारायणी अस्पताल मे रहल शहीद थीरबम मल्ल के शालिक मे कांग्रेस के नेता कार्यकर्तालोग माल्यार्पण कार्जक्रम कईले बाडन । उ अवसर मे संघीय सरकार के उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल शहीदलोग के बलिदानी आ त्याग से देश मे प्रजातान्त्र, लोकतन्त्र आ गणतन्त्र आईल बतवले बानी ।

उ प्रजातान्त्र आ लोकतन्त्र रहला पर मात्र नागरिक स्वतन्त्रता पुर्वक बाँचे सकेके भईला से लोकतन्त्र के बचावल हरेक नागरिक के दायित्व भईल बतवनी । अभी भी लोकतन्त्र उपर प्रहार के प्रयास हो रहला से एकरा ओरी सभी केहु सजग होखेके बतवनी ।

कांग्रेस के कार्यवाहक क्षेत्रीय सभापति अनिल सिंह के अध्यक्षता तथा मन्त्री रिजाल के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे कांग्रेस पर्सा के सभापति तथा प्रदेश सभा सदस्य जनार्दन सिंह क्षेत्री, पूर्व सांसद अनिल रुंगटा, कांग्रेस पर्सा के उपसभापति रामनारायण कुर्मी, नेता महम्मद सहाबुदिन लगायत के नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

नेपाल मे प्रजातन्त्र स्थापना के खातिर एवं पुनःस्थापना तथा अनेकन कालखण्ड मे स्वतन्त्रता के खातिर भईल आन्दोलन मे शहादत देहल शहीद शुक्रराज शास्त्री, धर्मभक्त माथेमा, दशरथ चन्द आ गङ्गालाल श्रेष्ठ तथा प्रजातान्त्रिक आन्दोलन के आउर शहीद के योगदान के आजु के दिन स्मरण कईल जाला । हरेक बरीस माघ १० से १६ गते तक शहीद सप्ताह के रुप मे मनावल जाला ।

बारा÷ शहीद दिवस मे नेपाल शिक्षक संघ बारा कलैया मे रहल प्रादेशिक अस्पताल मे फलफूल वितरण कईले बा ।

नेपाली कांग्रेस निकट नेपाल शिक्षक संघ बारा मंगर के सबेरे अस्पताल मे ईलाज करा रहल मरेजीलोग के फलफूल वितरण कईले बा । उ अवसर मे कांग्रेस पर्सा के सभापति राजेश राय यादव, बारा क्षेत्र नम्बर ४ के ख के कांग्रेस के क्षेत्रीय सभापति लोकेश सिंह आ संघ के अध्यक्ष राजकिशोर सहनी अस्पताल के अनेकन वार्ड मे पुगके मरेजीलोग के फलफूल वितरण कईले रहे ।

संघ के अध्यक्ष सहनी के अध्यक्षता तथा कांग्रेस जिल्ला सभापति यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल फलफूल वितरण कार्जक्रम मे संघ मे आबद्ध शिक्षक, शिक्षिका के साथे कांग्रेस नेता तथा कार्यकर्तालोग के भी सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।