नक्कली रोपेया सहित दु जने पकडईलें
नक्कली रोपेया सहित दु जने पकडईलें

सर्लाही १८ माघ
सर्लाही के हरिवन से पुलीस बियफे के दिने १ लाख ७२ हजार नक्कली रोपेया सहित दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे रौतहट जिल्ला के माधवनारायण नगरपालिका–२ के ३६ बरीस के संजय सहनी आ सर्लाही के बलरा नगरापालिका–७ के २७ बरीस के अमरेन्द्र महरा बाडन ।
पश्चिम से पूर्व ओरी जा रहल प्रदेश–०२–०२७प४२५६नम्बर आ बीआर ३०एसी ८३१८ भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल के पुलीस सुराकी के आधार मे नियन्त्रण मे लेहले बा । ४२५६ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार सहनी से राखल करिया खैरो रङ के झोरा जाँच करेके समय मे २५ गो बण्डल प्लास्टिक से ¥याप कईल अवस्था मे पुलीस के मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय हरिवन के प्रहरी निरीक्षक अनिलराज गिरी जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक २१ बण्डल मे बीच मे पेपर तल आ उपर कुछ हजार दर के नक्कली रोपेया आ ४ गो बण्डल के निचे आ उपर कुछ हजार दर के नक्कली रोपेया तथा बीच मे टेस्टी बिस्कुट के पुरीया मिलल रहे । २५ गो बण्डल मे कूल १ सय ७२ थान हजार दर के नक्कली रोपेया मिलल प्रहरी निरीक्षक गिरी बतवनी ।
एहितरे भारतीय नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल मे सवार सर्लाही के बलरा नगरपालिका–७ के २७ बरीस के अमरेन्द्र महरा के साथ से ८ ग्राम ८१० मिलीग्राम गाँजा बरामद भईल पुलीस जनवले बा । प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे उलोग साथी रहल आ लालबन्दी ओरी जा रहल खुलल बा । नक्कली रोपेया के कारोबार मे आउर भी संलग्न रहल आशंका सहित अनुसन्धान हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय हरिवन जनवले बा ।





