वीरगंज के विकास आ समृद्धि मे अवरोध होखे लागल कहत नागरिक समाजद्धारा जुलुस

वीरगंज के विकास आ समृद्धि मे अवरोध होखे लागल कहत नागरिक समाजद्धारा जुलुस

वीरगंज १८ माघ

नागरिक समाज वीरगंज महानगर के विकास आ समृद्धि मे अवरोध होखे लागल कहत ओकर विरोध स्वरुप जुलुस निकाल के प्रदर्शन कईले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडि के लालबंगला से निकलल जुलुस घण्टाघर, माईस्थान, आदर्शनगर, अलखियामठ, घडीअर्वा होत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे पुगके सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी सानुबाबु अधिकारी के ज्ञापनपत्र बुझवले रहे ।

नागरिक समाज के ब्यानर राखके निकालल जुलुस मे महानगर के ३२ गो वार्ड के बासिन्दा, अनेकन वार्ड के वार्ड अध्यक्ष, नागरिक समाज के अगुवा, प्राध्यापक, एनप्याब्सन आ प्याब्सन मे आबद्ध नीजी विद्यालय के सञ्चालक, नेपाली कांग्रेस, जसपा, नेकपा एमाले के नेता तथा कार्यकर्ता लगायत के भी सहभागिता रहल रहे ।

जुलुस मे सहभागीलोग वीरगंज के विकास विरोधी के कारवाही कर, वीरगंज शहर देखला पर लागेला बढिया, सार्वजनिक सम्पत्ति हडपे ना मिली लगायत के नारा लिखल प्ले कार्ड लेहले रहलन । उ अवसर मे नागरिक समाज के अगुवा दिपक शाक्य, वार्ड अध्यक्षलोग प्रदीप चौरसिया, बैजुलाल स्वर्णकार, हीराकाजी महर्जन, जगत साह कानु लगायत के टोली सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी सानुबाबु अधिकारी के ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन । उ ज्ञापनपत्र मार्फत ‘बैभव वीरगंज’ बनावेके अभियान मे लागल महानगर के वर्तमान नेतृत्व के विरुद्ध भ्रामक तथा अनग्रल प्रजारबाजी करेके आ वीरगंज के सामाजिक तथा धार्मीक सद्भाव बिगाडे खोजेवाला के तत्काल छानविन करके कारवाही करेके माग कईल रहे ।

वीरगंज के बैभव बनावे खातिर कर रहल काम मे अवरोध लियावेवाला तत्वसब महानगर के नेतृत्व के बारे मे पिछिलका कुछ समय एने जथाभावी अनर्गल प्रचारबाजी कईल उपर ध्यानाकर्षण भईल कहत वीरगंज बनाएम कहके लागल नेतृत्व के उत्साह जगावेके बदले उनकर मानमर्दन करत, तथाकथित काल्पनिक झुठा प्रचारबाजी करके मनोबल घटावेवाला काम निन्दनीय रहल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा ।

जुलुस मे जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख अजय सर्राफ, नेपाली कांग्रेस के महानगर सभापति मणिन्द्रलाल श्रेष्ठ, नेकपा एमाले के वीरगंज महानगर सचिव सुन्दर कुर्मी, एमाले युवा नेता तेजप्रकाश निषाद, जसपा के महानगर अध्यक्ष इश्वरचन्द्र यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।