कलैया मे समुदाय कांग्रेस अभियान अन्र्तगत कृषि संवाद कार्जक्रम
कलैया मे समुदाय कांग्रेस अभियान अन्र्तगत कृषि संवाद कार्जक्रम

प्रभु यादव
बारा १९ माघ
नेपाली कांग्रेस कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ४ के आयोजना मे कलैया–४ मे कृषि संवाद कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
बारा के कलैया मे नेपाली कांग्रेस के समुदाय मे कांग्रेस अभियान अन्र्तगत कृषि संवाद कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय महामन्त्री गगन थापा सिंचाई के असुविधा आ खाद समय मे ना अईला के चलते किसानलोग के समस्या भईला से समय मे लियावे खातिर दबाव देवेके बतवले बानी ।
नेपाली कांग्रेस कलैया–४ के वार्ड सभापति रबि गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय बाबु सिवाकोटी, मधेस प्रदेश के उपसभापति चन्द्र शेखर यादव, मधेस प्रदेश के स्वस्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्री बिरेन्द्र प्रसाद सिंह, बारा के सभापति राजेश राय यादव, जिल्ला के पदाधिकारी, नगर सभापति लगायत के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।
नेपाली कांग्रेस के समुदाय मे कांग्रेस अभियान माघ १६ से २६ गते सुशील कोइराला स्मृति दिवस तक अनेकन कार्जक्रम करेके आ जनता के अपेक्षा, सुझाव आ सिकाईत सुनेवाला किसिम से अभियान सञ्चालन करत आईल बा ।
कार्जक्रम के संचालन नेपाली कांग्रेस कलैया के नगर सचिव मुकेश यादव कईले रहनी ।






