हथियार आ जंगली जनावर के मासु सहित एक जने पकडईलें

हथियार आ जंगली जनावर के मासु सहित एक जने पकडईलें

राजविराज १९ माघ

सप्तरी मे हथियार आ जंगली जनावर के मासु सहित एक जने पकडाईल बाडन ।

अनुमति प्राप्त हथियार आ गोली, ३५ किलो मासु सहित पकडाईल राजविराज–५ के शैलेशकुमार झा के पुलीस शुक के दिने सबेरे सार्वजनिक कईले बा । सप्तरी पुलीस के मुताविक झा के शुक के सबेरे के समय मे हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका–७ बैष्णौदेवी मन्दिर लगे कोशी नदी के बाध से ढाड मे हथियार लटकावल अवस्था मे दु गो बोरा मे मासुसहित नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।

उनकर साथ से २२ बोर के मेगनम राइफल एक गो, ४१ राउण्ड गोली, २ थान म्यागजिन, एगो गन स्टेन, क्यामेरा एक गो, लाइट आ पाबर बैंक लगायत के सामानसब भी बरामद भईल बा ।

स्रोत के मुताविक हथियार सहित सिकार करेमे झा मात्र ना रहलन । सप्तरी के हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका–१३ गोबरगाढा पलार मे सिकारी के एक समूह दु गो मृग मारल स्रोत के दाबी बा ।

स्रोत के मुताविक मराईल दु गो मृग मेसे एगो गोबरगाढा पलार मे स्थानीयलोग राखल आ दोसर मृग के मासु लेके झा सहित के समूह ट्र्याक्टर मे आ रहल अवस्था से पाँच जने सहित पकडाईल रहलन । माकिर पुलीस झा बाहेक के चार जने आ ट्रयाक्टर के छोडल स्थानीय बतवले बाडन ।

झा के आउर अनुसन्धान आ कारबाही के खातिर डिभिजन वन कार्यालय सप्तरी मे बुझावल गईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय के एसपी गजुसिद्धी बज्राचार्य पुलीस टोली झा के मात्र पकडल आ आउर अनुसन्धान होखेके दाबी कईनी ।

पिछिलका कुछ समय से कोशी ब्यारेज से दक्षिण गोबरगाढा पलार मे जंगली बँदेल आ मृग के लगातार चोरी सिकारी हो रहल बा । डिभिजन वन प्रमुख हेमन्त साह घटनाबारे अनुसन्धान हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।