लोकतन्त्र के रक्षा खातिर आम सञ्चारमाध्यम से सक्रिय भुमिका निर्वाह कईल जरुरी : महामन्त्री थापा
लोकतन्त्र के रक्षा खातिर आम सञ्चारमाध्यम से सक्रिय भुमिका निर्वाह कईल जरुरी : महामन्त्री थापा

वीरगंज २० माघ
नेपाली काँग्रेस के महामन्त्री एवं सांसद गगन थापा देश मे बढल महँगी, बेरोजगारी, भ्रष्टाचार आ भागबण्डा के राजनीति से लोकतन्त्र हि कमजोर भईल बतवले बानी ।
वीरगंज से प्रकाशित होत आईल अंकुश दैनिक २५ बरीस पुरा करके २६ वाँ बरीस मे पुगल अवसर मे शनिचर के दिने रजत महोत्सव समारोह पुरा कईले बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि भी रहल नेता थापा देश के सुधार के खातिर उपरला तह से सुधार होखेके चर्चा करत आपन आपन जगहा से सुधार के प्रयास कईला पर देश विकास मे आमुल परिर्वतन लियावे सकेके बतवनी ।
उ लोकतन्त्र के विकल्प हि सुधारल लोकतन्त्र भईला से अब देश मे सुधार के जरुरत रहल बिचार रखले रहनी । उ शासनसत्ता भा दल मे रहल कुछ आदमीसब से कईल कमी कजोरी के आड मे लोकतान्त्रिक व्यवस्था के बदनाम करेके काम भईला से लोकतन्त्र के रक्षा के खातिर आम संचारमाध्य से सक्रिय भुमिका निर्वाह करेके बात मे जोड देहले रहलन ।
नेता थापा मिडिया आँख ना भईल के आँख बनके मार्ग दर्शन करावत आईल पत्रकारलोग के भुमिका अग्रसर रहला से देश विकास के खातिर सत्यतथ्य समाचार प्रकाशन करके जनता समक्ष उ बात लेजाए खातिर पत्रकारलोग से निहोरा कईले रहनी ।
पत्रिका के प्रधान सम्पादक दिपेन्द्र चौहान के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के बरिष्ठ सह–महामन्त्रीद्वय बद्री पाण्डे, जिवन परियार, केन्दिय सदस्य तथा प्रतिनिधिसभा सदस्य अजय चौरसिया, जसपा के प्रतिनिधिसभा सदस्य तथा पुर्व मंन्त्री प्रदीप यादव, प्रदेश सभा सदस्य श्याम पटेल, प्रेस काउन्सिल नेपाल तथा नेपाल पत्रकार महासंघ पुर्व अध्यक्ष हरिहर बिरही, नेपाल प्रेस युनियन के केन्द्रिय अध्यक्ष अजय बाबु शिवाकोटी, सचिव अशोक तिवारी, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सदस्य केसी लामिछाने, मधेश प्रदेश महासचिव श्याम बञ्जारा, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय उपाध्यक्ष गोविन्द देवकोटा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।
कार्जक्रम मे अंकुश दैनिक मे आवद्ध रह के योग्दान पुगा रहल आ पुगावल पत्रकारलोग शत्रुध्न नेपाल, गोविन्द देवकोटा, केसी लामिछाने, ओमप्रकाश खनाल, राम सर्राफ, विजय भण्डारी, राजन रौनियार, शिव पटेल, विजय चौहान, गुरु गौतम, संतोष रंजितकार लगायत के प्रमुख अतिथि गगन थापा फुलमाला लगाके दोसल्ला ओढाके कदरपत्र सहित सम्मान कईले रहनी । कार्जक्रम के सहजीकरण सञ्चारकर्मी माधुरी महतो कईले रहनी ।






